लइकी के यौन दुव्र्यवहार के आरोप मे १ जने पकडईलें

वीरगंज १८ चईत

पर्सा मे १० बरीस के लइकी के यौन दुव्र्यवहार कईल आरोप मे एक जने पकडाईल बाडन । माघ २५ गते लइकी उपर बाल यौन दुरुपयोग कईल आरोप मे बहुदरमाई नगरपालिका–७ छपकैया के ४५ बरीस के भुनेश राउत कुर्मी पकडाईल बाडन ।

मुलुकी अपराध संहिता २०७४ से करणी के आशय से लईकालईकी के अस्वाभाविक रुप मे एकान्त मे लगला पर, यौनसम्बन्धी उनकर अङ्ग छुवल भा पकडला पर, यौन सम्बन्धी आपन अङ्ग उनका के छुवेके भा पकडेके लगईला पर भा निज सँगे आउर कउनो किसिम के यौनजन्य अस्वाभाविक व्यवहार कईला पर बालयौन दुरुपयोग कईल ठहरेके उल्लेख कईले बा ।

कुर्मीविरुद्ध बाल यौन दुरुपयोग के मुद्दा मे अनुसन्धान शुरु कईल इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरीक्षक दीपक थापा जानकारी देहनी । “प्रारम्भिक अनुसन्धान के समय मे बाल यौन दुर्व्यबहार भईल भी खुलल बा” कहत उ “मेडिकल जाँच के खातिर लइकी के नारायणी अस्पताल पठावल गईल बा, रिपोर्ट के आधार मे कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढी ।”

गाँव मे मिलावे के प्रयास

घटना के गाँवघर मे मिलावे खातिर जनप्रतिनिधि आ स्थानीय पञ्च समेत के रोहबर मे मिलापत्र कईल मिलल बा । दुर्व्यबहार मे पडल लइकी के परिवार के एक लाख रोपेया देवेके सहमत कराके कुर्मी के पञ्चलोग गाँव से भगावल भी आरोप लागल बा । होली मनावे खातिर कुर्मी घर फिर्ता भईला के बाद घटना बाहर निकलल बा ।

वार्ड अध्यक्ष प्रभु पटेल वार्ड सदस्य कुद्रिश देवान के उपस्थिति मे पञ्चलोग रहके छलफल कईल जानकारी खुद के मिलल बतवनी ।

“गाँव के पञ्च रहके लइकी के परिवार के दवाव आ आर्थिक प्रलोभन मे पार के घटना मिलवले बाडन, वार्ड सदस्य भी गईल सुनले बानी” कहत उ, “जघन्य अपराध के घटना के तोपताप करे के खोजेवाला वार्ड सदस्य सहित के पञ्चा के कारबाही होखेके पडि ।” आरोपित के पक्ष राजनीतिक पूर्वाग्रह आ पारिवारिक रिसईबी के चलते आरोप लगावल बतवले बा ।

“लइकी के परिवार आ आरोपी कुर्मी पडोसी हि हउवन । पारिवारिक सम्बन्ध ओतना बढिया नइखे । वार्ड अध्यक्ष आ वार्ड सदस्यलोग के भी सम्बन्ध ठीक नइखे” एक स्थानीय कहलें, “ओहिसे आरोप प्रत्यारोप चलल हो सकता । राजनीतिक घुसपैठ ह भा का ह ? पुलीस निष्पक्ष अनुसन्धान कईला पर दुध के दुध पानी के पानी अलग होखी नु ।”

वार्ड सदस्य देवान सँगे घटना के बारे मे बुझे खातिर बेर बेर कल कईला पर भी उनकर फुन ना उठल । पुलीस घटना के बारे मे अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक बेलबहादुर पाण्डे यौन जन्य हिंसा मे छलफल करके मिलापत्र कईल रहित त जे केहु के कारबाही के दायरा मे लियावे के बतवनी ।

“लइकी उपर भईल यौन जन्य हिंसा अपराध ह, जदि केहु छलफल करके मिलावे के खोजला पर भी कारबाही के दायरा मे लियावल जाई”, कहत उ “आरोपी के पकड के लियावल गईल बा, घटना के बारे मे आउर अनुसन्धान हो रहल बा ।”

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।