तीन चक्के टेम्पो किनला पर फाइनान्स के सुविधा

वीरगंज १९ कुवार
वीरगंज बसपार्क स्थित लक्ष्मी मोटर्स प्रा.लि. आ एन.आई.सि. एसिया लघुवित्तबीच तीन चक्के टेम्पो के फाइनान्स करेके सहमति भईल बा । मध्यम वर्ग के आदमीसब आपन टेम्पो व्यावसाय संचालन करे खातिर क्रेतालोग के सहजोग पुगेके उद्देश्य से एन.आई.सि. एसिया लघुवित्त सँगे टेम्पो फाइनान्स करेके सहमति कईले बा । जे.एस.ए. अटो प्राइभेट लिमिटेड के आधिकारिक विक्रेता वीरगंज बसपार्क स्थित श्री लक्ष्मी मोटर्स प्रा.लि.के प्रबन्ध निर्देशक अरुण कुशवाहा आ एन.आई.सि. एसिया लघुवित्त सँस्था लालबन्दी के उप निर्देशक ढाल प्रसाद तिमिल्सिना बीच अटो टेम्पो के फाइनान्स करेके लिखित सहमति भईल बा । लक्ष्मी मोटर्स प्रा.लि.के कार्यालय मे भईल सहमति मे अनेकन किसिम के १० बुंदे सहमति भईल बा, जउना मे टेम्पो किनेवाला क्रेता के सुविधा से लघुवित्त से लगानी कईला पर अपनावेवाला सुरक्षा के विषय के समेटल गईल बा ।
देश मे अधिकाँश युवालोग बेरोजगार रहल अवस्था मे कम लगानी मे आपन व्यावसाय शुरु करे सकेके अवस्था के मध्य नजर करत लक्ष्मी मोटर्स प्रा.लि. फाइनान्स के सुविधा लिआईल प्रबन्ध निर्देशक कुशवाहा जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक तीन चक्के टेम्पो खरिद कईला पर एके बेर भुक्तानी करे सकेके अवस्था ना रहल भी आदमीसब होखेलन, जउना से आपन जीविकोपार्जन के खातिर व्यावसाय संचालन करेके चाहेलन, माकिर सवारी किने ना सकेलन, ओईसन मध्यम वर्ग के आदमीसब के सहुलियत के खातिर ई फाइनान्स सुविधा लियावल बतवनी ।
ई फाइनान्स के सुबिधा के चलते कउनो आदमी कम्ति मे ४० प्रतिशत नगद भुक्तान करके फाइनान्स कराके तीन चक्के टेम्पो किने सकेके अवस्था सृजना भईल बा । सवारी किनला पर लघुवित्त आ टेम्पो के अधिकृत विक्रेताबीच भईल सहमति मुताविक फाइनान्स करईला पर क्रेतालोग कुछ शर्तसब भी पुरा करेके निर्देशक कुशवाहा बतवनी । ई फाइनान्स से खास करके मध्यम वर्ग के मजदुरलोग फायदा लेवे सकेके उनकर कहनाम बा ।
साहु के टेम्पो भाडा मे लेके चलावेवाला चालकलोग भी ई सुविधा के सदुपयोग करत आपन टेम्पो किने सकेके वातावरण सृजना भईल बतवनी । श्री लक्ष्मी मोटर्स प्रा.लि. जे.एस. ए. टेम्पो के नेपाल के खातिर आधिकारिक विक्रेता ह ।






