बारा मे फुड बैंक अभियान सुरु

बारा १३ भादो
कोरोना संक्रमित आ विपन्न परिवार के राहत उपलब्ध करावे खातिर बारा के सिमरा आ पथलैया के स्थानीय युवा ‘फुड बैंक’ अभियान सुरु कईले बाडन ।
लम्हर समय तक के लकडाउन आ ओकरा बाद के निषेधाज्ञा से प्रभावित भईल संक्रमित परिवार के खाद्यसामान उलपब्ध करावे खातिर जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका १ आ २ के स्थानीय युवा अभियान सुरु कईले बाडन ।
फईल रलह कोरोना संक्रमण बढे ना देवे खातिर स्थानीय प्रशासन बारा मे निषेधाज्ञा जारी कईले बा । देशभर कईल लकडाउन खुलल कुछ हप्ता मे संक्रमित के संख्या बढला के बाद स्थानीय प्रशासन जिल्ला मे फेनु निषेधाज्ञा जारी कईले बा ।
लगातार के लकडाउन आ निषेधाज्ञा से जिल्ला ठप्प भईला पर बहुते विपन्न परिवार प्रभावित होत आईल बाडन ।
जिल्ला मे संक्रमित के संख्या थपात गईला पर जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका मे भी संक्रमण होखेवाला के संख्या हरेक दिन बढ रहल बा ।
अभी दु वार्ड मे सक्रिय संक्रमित के संख्या ४५ जने रहल बाडन । संक्रमित परिवार सामाजिक असहजोग भोगेके अवस्था देखल गईल बा ।
आर्थिक रुप मे सबल परिवार से भी दैनिक ज्यालादारी मे काम करके दु छाक के व्यवस्था करेके विपन्न परिवार कोरोना महामारी आ संक्रमण के बाद बेसी पीडित देखल गईल बाडन ।
दु छाक के भी व्यवस्था करे ना सकल परिवार के लक्षित करके स्थानीय युवा खाद्य सामान संकलन आ वितरण अभियान सुरु कईले बाडन ।
स्थानीय जनप्रतिनिधि के समन्वय मे युवा पथलैया आ सिमरा मे दु दिन राहत सामान संकलन कइनी । अभियान मे स्थानीय भी उत्साहित होत सहजोग कईले बाडन ।
स्थानीय चाउर, चिउरा, दाल, नुन, चाउचाउ लगायत के खाद्य सामान फुड बैंक मे जम्मा करवनी ।
युवालोग दु वार्ड के अनेकन सात जगहा मे राहत संकलन अभियान करेके योजना बनवले बाडन ।
अभियान अन्तर्गत दु जगहा मे संकलित सामान वितरण के तईयारी सुरु भईल अभियान के सदस्य सुशील ढकाल बतवनी ।
‘राहत लक्षित वर्ग तक पुगावे खातिर हमनी लागल बानी, ओहिसे हमनी घरघर मे पुग के बहुते प्रभावित परिवार के सुचि तईयार करत बानी’, कहत ढकाल, ‘जेकरा चलते राहत के दुरुपयोग ना होखो आ पीडित परिवार साँचोके राहत महसुस करे सकस कहके उदेश्य ह ।’
फुड बैंक अभियान अन्तर्गत बियफे के दिने नरबस्ती मे संकलन भईल सामान शुक के सँझिया वितरण करेके तईयारी भईल अभियान के दोसर सदस्य श्रीराम रेग्मी बतवनी ।
पथलैया मे संकलन भईल सामान वितरण के तईयारी हो रहला पर कोरोना संक्रमित के संख्या थपईला के बाद कुछ दिन के बाद अगाडि बढावल आ आउर पाँच जगहा मे संकलन होखेवाला सामान बिहान भईला हि पिडित के हाथ मे पुगेके तइयारी कईल रेग्मी बतवनी ।
कोरोना संक्रमण फईलत गईल समय मे स्थानीय उद्योग दोसर जगहा से मजदुर लिया के कारखाना संचालन कर रहल कहत निगरानी करत आईल युवा दैनिक ज्यालादारी मे काम करेवाला मजदुर भुखे रहेके अवस्था देखला के बाद फुड बैंक के अभियान सुरु कईल युवा कृष्ण अधिकारी बतवनी ।
जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नं. १ के अध्यक्ष हिराबहादुर गुरुङ आ २ के अध्यक्ष तिलकबहादुर श्रेष्ठ सहित आउर जनप्रतिनिधि युवा से सुरु कईल अभियान के सराहना कइनी ।
‘कोरोना के संक्रमण नियन्त्रण आ राहत उपलब्ध करावे खातिर स्थानीय सरकार हरसम्भव प्रयास कर रहल बाडन’, कहत अध्यक्ष गुरुङ, ‘अईसन संकट के समय मे सहजोग कईल नागरिक के दायित्व भी ह ।’
वार्ड २ के अध्यक्ष श्रेष्ठ जनप्रतिनिधि आ सभी सचेत नागरिक ई समय युवालोग जईसन कोरोना विरुद्ध के अभियान मे अगाडि बढल जरुरी रहल बतवनी ।






