रौतहट मे १२ किलो ५०० ग्राम लागु औषध गाँजा बरामद भईल

मेवालाल यादव

रौतहट १९ चईत

रौतहट के सदरमुकाम गौर स्थिति महादेवपट्टी– टिकुलिया नाका मे कडा सुरक्षा के वीच लागुऔषध (गाजा) आजु लावारिस अवस्था मे मिलल बा ।

गौर नगरपालिका वार्ड नम्बर ४ अन्तर्गत रहल महादेवपट्टि नाका से जुडल सडक के पश्चिमी ओरी श्री माध्यमिक विद्यालय टिकुलिया के उत्तर ओरी गईल सडकखण्ड पूल के किनार मे गेहु खेत मे लावारिस अवस्था मे १२ किलो गाजा जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के खटल टोली बरामद कईले रहे ।

इहे चईत ७ गते गौर नगरपालिका वार्ड नम्बर ४ रहेवाला ४४ बरीस के झिङ्गुर कहेवाला हरी किशोर सहनी लागु औषध गाँजा रखले बाडन कहके विशेष सूचना के अधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय, रौतहट से खटल पुलीस टोली उनकर घारीघर के अगल बगल चेकजाँच कईला पर लगे रहल ट्वाईलेट मे प्लाष्टिक के उजर रंग के बोरा भितर घ्यु रंग के टेप से लपेटल अवस्था मे १२ किलो ५०० ग्राम लागु औषध गाँजा बरामद भईल रहे ।

गांजा सहित हरी किशोर सहनी के नियन्त्रण मे लेके सम्मानित रौतहट जिल्ला अदालत से ५ दिन के म्याद थप कराके न्यायीक हिरासत मे राख के अनुसन्धान हो रहल जनावल गईल बा ।

गौर नगरपालिका वार्ड नम्बर ४ के वार्ड अध्यक्ष भुनेश्वर शाही टिकुलिया टोल के दक्षिण ओरी रहल गहु खेती क्षेत्र मे बेवारिस अवस्था मे रहल समाजिक संजाल मार्फत वार्डवासी के बदनाम करावेके उदेश से अईसन काम हो रहल बतावत दोषी जे केहु भईला पर भी अनुसन्धान करके कानुन दायरा मे लियावेके माग कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।