बारा मे लागु औषध सहित चार जने पकडईलें

बारा मे लागु औषध सहित चार जने पकडईलें

प्रभु यादव

बारा ०९ पुस

बारा जिल्ला के अनेकन जगहा से प्रतिबन्धित लागु औषध सहित चार जने के पुलीस पकडले बा । बजनी आ निजगढ से करके चार जने के पकडले बा ।

ईलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा के टोली जीतपुर सिमरा उप–महानगरपालिका वार्ड नम्बर ३ बजनी से प्रदेश २–०३–०१६ प ०८८८ नंम्बर के मोटरसाइकल के चालक कलैया उपमहानगरपालिका १ के ४३ बरीस के शंकर प्रसाद यादव आ ओमे सवार २४ बरीस के मनिषकुमार साह के ८ सय ९९ पिस लागु औषध सहित पकडले बा ।

उलोग के साथ से फेनरागन २९६ पिस, डाईजेपाम ३०३ पिस आ नोर्फिन ३०० पिस बरामद कईल बारा पुलीस जनवले बा ।

एहितरे ईलाका प्रहरी कार्यालय निजगढ निजगढ नगरपालिका वार्ड नम्बर ९ शहिद चोक से ट्रमालिन १ सय ८० पिस ट्याब्लेट सहित निजगढ ८ बुद्ध चोक के २० बरीस के विवेक मोक्तान आ जीतपुर सिमरा १६ टांगियावस्ती के २० बरीस के सागर तामाङ के पकडल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।