बारा मे आगलागी से ४ गो घर जरल, ७ लाख के नोक्सानी

बारा २२ चईत
बारा के पचरौता नगरपालिका–१ पिपरपाती मे आगलागी भईला पर ४ गो घर जरल बा । आगलागी से ७ लाख १० हजार मुल्य बराबर के नोक्सानी भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जनवले बा ।
स्थानीय जय नारायण यादव के घर मे चुल्हा से बाहर राखल राखी से अचानक आगी सुनुगल पुलीस जनवले बा ।
आगलागी से जयनारायण यादव, शम्भु यादव, नागेन्द्र यादव आ मिश्री यादव के घर जरल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।






