ठोरी मे हुलाकी राजमार्ग के काम अगाडि बढावे खातिर प्रधानमन्त्री के निर्देशन

काठमाण्डु ३० चईत

प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली ठोरी मे रुकल हुलाकी सडक के काम तत्काल अगाडि बढावे खातिर निर्देशन देहले बानी ।

ठोरी से काठमाण्डु आईल एक प्रतिनिधि टोली सोमार के दिने राष्ट्रिय सभागृह मे प्रधानमन्त्री ओली से भेट करके हुलाकी सडक निर्माण काम तत्काल अगाडि बढावे खातिर माग राख के ज्ञापन पत्र बुझवले रहे ।

ज्ञापन पत्र बुझत प्रधानमन्त्री ओली २÷४ गो गाछि आ दु चार कट्ठा जमिन के चलते राष्ट्रिय गौरव के आयोजना निर्माण मे अवरोध करेके ना होखी कहत तत्काल समस्या समाधान करके काम सुरु करे खातिर सम्बन्धित निकाय के निर्देशन देहल प्रतिनिधि टोली के सदस्य हेम चापागाईं बतवनी ।

प्रधानमन्त्री ओली ठोरी के विकास के खातिर सरकार प्रतिबद्ध रहल बतावत ठोरी–माडी के विकास मे अवरोध भईला पर खुद के जानकारी देवे खातिर ठोरीवासी से निहोरा कईले बानी ।

कार्जक्रम मे ‘अधुरा हुलाकी सडक संघर्ष समिति’ के अध्यक्ष जगेन्द्र पौडेल हुलाकी सडक निर्माण अवरोध के बारे मे प्रधानमन्त्री ओली के जानकारी करवले रहलन ।

उ समय मे राम जन्मभूमि क्षेत्र विकास समिति के अध्यक्ष प्रकाश खनाल राम जन्मभूमि क्षेत्र ठोरी मे रामायण सर्किट निर्माण के बारे मे प्रस्ताव सहित के ज्ञापन पत्र बुझवले रहलन ।

एकरा से पहिले प्रतिनिधि टोली वनमन्त्री प्रेम आले आ भौतिक पूर्वाधार तथा यातायात मन्त्री वसन्तकुमार नेम्बाङ के भी ज्ञापन पत्र बुझावत रुकल हुलाकी सडक निर्माण अगाडि बढावेके माग राखत ज्ञापन पत्र बुझवले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।