फेनु बढल पेट्रोलियम पदार्थ के दाम

काठमाण्डु ४ वैशाख
नेपाल आयल निगम फेनु पेट्रोलियम पदार्थ के दाम बढवले बा । शनिचर के रात १२ बजे से लागू होखेवाला किसिम से पेट्रोल आ डिजेल÷मटितेल मे प्रतिलिटर १ रोपेया दाम बढल बा । बितल चईत २२ गते भी निगम दाम बढवले रहे ।
अब काठमाण्डु के खातिर नयाँ खुद्रा बिक्री मूल्य पेट्रोल के प्रतिलिटर १२१ आ डिजेल÷मटितेल के १०४ रोपेया तय कईल बा ।
निगम के मुताविक आन्तरिक उडान के खातिर प्रयोग करेवाला हवाई इन्धन के दाम मे २ रोपेया प्रतिलिटर से बढाके ७६ रोपेया कायम कईल बा । एलपी ग्यास तथा अन्तर्राष्ट्रिय उडान के खातिर प्रयोग करेवाला हवाई इन्धन के खुद्रा बिक्री मूल्य अभी के खातिर यथावत हि राखल निगम के प्रवक्ता विनितमणि उपाध्याय जानकारी देहनी ।
मूल्य समायोजन के बाद भी निगम के पेट्रोल मे प्रतिलिटर ६.७२ रोपेया आ डिजेल मे प्रतिलिटर ४४ पईसा घाटा बा । ग्यास मे प्रतिसिलिन्डर ४१०.४७ रोपेया घाटा होके १५ दिन मे ७०.६६ करोड घाटा होखेके उपाध्याय बतवनी । उ घाटा रकम मूल्य स्थिरीकरण कोष तथा निगम के सञ्चित नाफा से व्यवस्थापन करेके उ बतवनी ।
मूल्य समायोजन के बाद भी भारतीय सीमा के रक्सौल के बराबरी मे नेपाल के वीरगंज क्षेत्र मे पेट्रोल प्रतिलिटर २९.२३ रोपेया आ डिजेल ३५.४१ रोपेया सस्ता रहल निगम बतवले बा ।






