भारतीय सेना स्वास्थ्य सामान देहलख, नेपाली सेना देहलख एक लाख मास्क

काठमाण्डु, २० कातिक

भारत सरकार नेपाली सेना के दु गो घुम्ती अस्पताल सञ्चालन करे खातिर एम्बुलेन्स सहित स्वास्थ्य सामान सहजोग स्वरुप उपलब्ध करवले बा ।

नेपाल भ्रमण मे रहल भारत के स्थलसेनाध्यक्ष जनरल मनोजमुकुन्द नरवणे सैनिक मुख्यालय जङ्गी अड्डा मे आजु आयोजना कईल कार्जक्रम मे उ स्वास्थ्य समान प्रधानसेनापति पूर्णचन्द्र थापा के हस्तान्तरण कइनी ।

नेपाल–भारत सुरक्षा सहजोग आदान–प्रदान सम्बन्धी १३ वाँ बईठक मे भईल सहमति मुताविक नेपाली सेना के उ स्वास्थ्य सामान मिलल बा ।

हस्तान्तरण कईल सामान मे घुम्ती अस्पताल के सञ्चालन के खातिर जरुरी चार गो बडका एम्बुलेन्स्, चार आइसीयु भेन्टिलेटर, एक्स–रे मसिन, कम्युटर रेडियोग्राफ्री प्रणाली, भिडियो इण्डोस्कोपी युनिट, एनेस्थेसीया मेसिन आ प्रयोगशाला सम्बन्धी उपकरण रहल बतावल गईल बा ।

भारतीय सेना के बुद्ध के प्रतिमा आ मास्क उपहार
उ अवस मे नेपाली सेना नेपाल मे बनल कोभिड–१९ जोखिम नियन्त्रण के खातिर प्रयोग होखेवाला एक लाख थान मास्क भारतीय सैनिक के सहजोग स्वरुप उपलब्ध करवले बा ।

उ मास्क प्रधानसेनापति थापा भारतीय सेनाध्यक्ष नरवणे के हस्तान्तरण कइनी ।

प्रधानसेनापति थापा भारतीय सेनाध्यक्ष नरवणे के समारोह मे उपहार स्वरुप शान्ति के प्रतिक गौतमबुद्ध के प्रतिमा भी देहले रहनी ।

एकरा से पहिले स्थलसेनाध्यक्ष नरवणे सैनिक मञ्च टुँडिखेल स्थित वीरस्मारक मे पुष्पहार सहित श्रद्धाञ्जलि अर्पण कईला के साथे जङ्गीअया परिसर मे ओखर के पौधा रोपनी ।

ओकरा बाद प्रधानसेनापति थापा आ स्थलसेनाध्यक्ष जनरल नरवणेबीच औपचारिक भेटवार्ता भईल रहे ।

उ भेट मे दुनु सेनापति बीच आपसी हित आ पारस्परिक सम्बन्ध के विविध पक्ष मे छलफल भईल सेना जनवले बा ।

उ छलफल के बाद भारतीय सेनाध्यक्ष नरवणे के नेपाली सेना के इतिहास आ वर्तमान भूमिका के बारे मे प्रस्तुतिकरण कईल रहे ।

नेपाली सेना आ भारतीय सेनाबीच एक–दोसर देश के सैनिक प्रमुख के मानार्थ महारथी दर्जा प्रदान करेके परम्परा मुताविक उ नेपाली सेना के मानार्थ महारथी ग्रहण करे खातिर नेपाल आईल बानी ।

राष्ट्रपति विद्यादेवी भण्डारी से सेनापति नरवणे के आजु सेना के मानार्थ महारथी दर्जा प्रदान करेम । नेपाल के ओरी से मानार्थ महारथी प्राप्त करेवाला भारतीय स्थलसेनाध्यक्ष जनरल नरवणे १८ वाँ सेनापति बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।