लइकी के खातिर निःशुल्क लोकसेवा तईयारी किलास शुरु

वीरगंज ०५ बैशाख
निजामती सेवा मे जनानी के सहभागिता बढावे के मुख्य उद्देश्य के साथ प्रदेश नं २ सरकार लइकी के खातिर निःशुल्क लोकसेवा तईयारी किलास शुरु कईले बा । प्रदेश सरकार आजु वीरगंज मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत उ किलास के शुभारम्भ कइनी ।
निःशुल्क किलास के शुभारम्भ करत उ समाज मे रहल सभी किसिम के विभेद के अन्त्य करत सभी क्षेत्र मे जनानी के समान सहभागिता करावे सकला पर समृद्धि के लक्ष्य जलदी हासिल करे सकेके बिचार रखनी ।
उ बढत गईल जनानी हिंसा के अन्त्य के खातिर निजामती लगायत सभी क्षेत्र मे जनानी के सहभागिता बढावल जरुरी रहल आङ्कलन जनावत प्रदेश के आठ गो जिल्ला के लइकी के खातिर दु महिना तक निःशुल्क लोकसेवा तईयारी किलास सञ्चालन करे लागल बतवनी ।
उ शिक्षा उपर जनानी के आकर्षण बढावेके आ लेखाइपढाइ के सहज बनावे खातिर प्रदेश सरकार जलदी सामुदायिक विद्यालय मे आध्ययनरत सभी लइकी के निःशुल्क साइकल वितरण कईला के साथे कुछ लइकी के ल्यापटप भी वितरण करेके तइयारी रहल बतवनी ।
जनानी के शिक्षित मात्र ना होके सरकारी जागिर मे बेसी प्राथमिकता देवे खातिर प्रदेश सरकार से प्रदेश प्रहरी नियमावली तथा प्रदेश निजामती नियमावली मे जनानी के ५० प्रतिशत आरक्षण के व्यवस्था भी कईल मुख्यमन्त्री राउत जानकारी देहनी ।
प्रदेश सरकार के मुख्य सचिव गौकर्णमणि दवाडी, प्रदेशसभा सदस्य प्रल्हाद गिरी, करिमा बेगम, वीरगंज महानगरपालिका के नगरप्रमुख विजयकुमार सरावगी, प्रजिअ पिताम्बर घिमिरे लगायत आधा आकाश तोपेवाला जनानी के समान अवसर देहला पर समाज तथा राष्ट्र के समृद्ध तथा सुसंस्कृति बनावे खातिर बहुते समय ना लागेके बिचार रखले रहनी ।
‘बेटी पढाव, बेटी बचाव’ अभियान अन्तर्गत प्रदेश के आठ जिल्ला मे रहल ३२० लइकी के खरिदार तथा नासु पद के खातिर लोकसेवा आयोग परीक्षा के तईयारी करावेके बतावल गईल बा ।






