वीरगंज मे तरकारी के भाव तीन गुणा बढल

वीरगंज ११ चईत,

लक डाउन भईला सँगे वीरगंज मे व्यापारी आलु, प्याज आ हरिहर तरकारी के भाव तेब्बर से बढवले बाडन । सोमार के सँझिया मंगर से एक हप्ता के खातिर देशभर लकडाउन करेके निर्णय कईला सँगे वीरगंज के बजार मे कमी देखावत व्यापारीलोग तरकारी के भाव तेब्बर बढवले बाडन ।

एक हप्ता तक लकडाउन होखेके डर मे पडल उपभोक्ता मंगर के दिने सबेरे बजार मे पुगला पर तरकारी के भाव तेब्बर से बढल देखला पर अचम्मित भइनी । वीरगंज के बजार मे सोमार के सँझिया तक खुद्रा मे आलु किलो के ३० रोपेया आ प्याज ५५ रोपेया खरिद बिक्री भईल रहे । माकिर, मंगर के सबेरे बजार मे आलु खुद्रा मे किलो के ८० रोपेया आ पियाज किलो के ७० रोपेया के भाव मे खरिद बिक्री भईल बा ।

एहितरे सोमार के सँझिया तक किलो के ८० रोपेया मे बिक्री भईल हरिहर मर्चा मंगर के दिने किलो के ४ सय रोपेया मे बिक्री कईल बा । एहितरे टमाटर के भाव ४० से बढ के ८० रोपेया, भान्टा ४० से बढ के ८० रोपेया, मटरकोशा ५० से बढ के १ सय रोपेया, कोभी २० से बढ के ६० रोपेया किलो पुगल बा ।

५ रोपेया मे मिलेवाला एगो कागती आजु १५ रोपेया मे उपभोक्ता किनले रहलन । तरकारी के खातिर प्रयोग होखेवाला कटहर के भाव भी ४० से बढ के किलो के १ सय रोपेया मे बिक्री भईल बा ।

“व्यापारी तरकारी के भाव बढवले बाडन, आजु सबेरे घण्टघार बगल के तरकारी बजार मे मिलल वीरगंज १५ नगवा के सुरेश यादव कहनी कि, “तानका बेसी बढवले रहतन त फरक ना पडित माकिर इहाँ त दोब्बर तेब्बर हि भाव बढवले बाडन ।

कोरोना के संकट के समय बेसी नाफा कमावे खातिर व्यापारी भाव बढा के कालाबजारी कईल यादव बतवनी । माकिर तरकारी बजार के व्यापारी एक हप्ता के खातिर भारत के नाका बन्द आ लक डाउन दुनु भईला के चलते बाहर से बजारमे तरकारी हि ना अईला से भाव बढल बतवनी ।

“नाका बन्द बा भारत से तरकारी हि नइखे आवत, तरकारी व्यापारी हरिश राउत कुर्मी कहनी कि, आजु से इहा भी लकडाउन भईला से गाँव गाँव से भी किसान तरकारी लिआईल नइखन ।”
एने आजु सबेरे कुछ घण्टा वीरगंज मे तरकारी बजार खुलला पर भी दिन के पुलीस बन्द करवले बा ।

लकडाउन मे तरकारी तथा फलफूल के दोकान आ बजार बन्द ना करेके सरकार निर्णय कईले बा । माकिर वीरगंज मे पुलीस तरकारी बजार भी सँझिया ६ बजे के बाद मात्र खुलेके कहत बन्द करवले बा ।

वीरगंज के मिनाबजार मे रहल मीना बजार कम्प्लेक्स मे आजु सबेरे हि पुलीस ताला लगवले बा । घण्टाघर बगल पार्क मे रहल तरकारी बजार भी दिन के १२ बजे से पुलीस बन्द करवले बा ।

सात दिन के खातिर लक डाउन भईला के बाद तरकारी के जोहो करे खातिर बजार मे अईला पर भी पुलीस तरकारी बजार भी बन्द करा देहला के चलते समस्या मे पडल उपभोक्तालोग सिकाईत कईले बाडन । लक डाउन मे सरकार तरकारी दोकान आ बजार खुल्ला रहेके बतवला पर भी पुलीस वीरगंज मे तरकारी बजार भी बन्द करईला से खुदसब अन्यौल मे पडल उपभोक्ता सिकाईत कईले बाडन ।

घण्टाघर बगल मे रहल पार्क मे रहल तरकारी बजार सबेरे से कुछ समय खुल्ला रहला पर भी पुलीस उहाँ के तर्कारी बजार भी दिन के १२ बजे के बाद बल प्रयोग करके बन्द करा देहला के चलते अब तरकारी भी खाए ना मिलेके अवस्था आईल उपभोक्ता के कहनाम बा ।
वीरगंज तरकारी तथा फलफुल व्यवसायी संघ के अध्यक्ष विदुर गुप्ता लकडाउन के समय मे हरेक दिन सबेरे ६ से सँझिया ६ बजे तक के खातिर तरकारी बजार बन्द कईल बतवनी ।

सँझिया ६ बजे के बाद मात्र तरकारी बजार खोलेके उ बतवनी । अभी के सन्त्रास के समय तरकारी से भी आदमी के ज्यान बँचावल बडका बात ह, कहत उ , “ओहिसे हमननी के सहमति मे पुलीस तरकारी बजार बन्द करवले बा ।”उल्था ः अन्नपूर्ण

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।