आसमान नेपालद्वारा संचालित उत्थान परियोजना प्रभावकारी : सिडियो यादव

मेवालाल यादव

रौतहट ८ बैशाख

आसमान नेपालद्वारा संचालित उत्थान परियोजना अन्तर्गत समतामूलक विकास, व्यक्तिगत घटना, पोषण सम्बन्धि अनुगमन कार्जक्रम आजु पुरा भईल बा ।

राजपुर नगरपालिका वार्ड नम्बर १, २ के जनानीलोग आ मेयर शेख सकिल अख्तर, उपमेयर, जिल्ला प्रशासन कार्यालय रौतहट के प्रमुख ईन्द्रदेव यादव, निमित्त प्रमुख प्रशासकीय बैजु ठाकुर बीच आसमान नेपाल के प्रतिनिधि हरेराम ठाकुरद्वारा अनुगमन कार्जक्रम संचालन कईल रहे । प्रमुख जिल्ला अधिकारी यादव तराई मधेस क्षेत्र के जनानीलोग घुङघट भितर रहेके आ आपन बात राखेमे समस्या से मुक्त करावेके मुख्य देन आसमान नेपाल के रहल बतवनी । आदमी समृद्ध भईला पर घर, घर समृद्ध भईला पर समाज, समाज समृद्ध भईला पर क्षेत्र, क्षेत्र समृद्ध भईला पर जिल्ला, जिल्ला समृद्ध भईला पर प्रदेश, प्रदेश समृद्ध भईला पर देश हि होखी । एहितरे घर चलावेमे मुख्य रुप मे माई, दिदि बहिन हि हई, आसमान नेपालद्वारा संचालित उत्थान परियोजना कार्जक्रम से व्यक्तिगत क्षमता विकास करके आजु जनानी अधिकार मंच के सदस्यलोग आपन सिकाई के फायदासब आपन मुह से प्रस्तुति कईला के बाद खुद गर्वान्भित भईल यादव बतवनी ।

सरकार आपन आदमी के काम करे करावेके रखले रहेलन, एहितरे आसमान नेपाल भी सरकार के सहजोगी संस्था रहला से उत्थान परियोजना कार्जक्रम अन्तर्गत महिला उत्तरदायित्व क्षमता विकास से ना जानल अधिकार भी जानल गईल, योजना छनौट मे जनानी के हक अधिकार ह, विकास निर्माण काम के अनुगमन काम मे सहभागिता होखेके प्रावधान रहल उ बतवनी ।

प्रदेश नम्बर २ अन्तर्गत के रौतहट जिल्ला अवस्थित राजपुर नगरपालिका भितर आसमान नेपाल से संचालित उत्थान परियोजना अन्तर्गत महिला अधिकार मंच, रिफ्लेक्ट केन्द्र, सिबिओस, लान समुह लगायत के अनुगमन से समता विकास, उत्तरदायित्व, प्रवद्र्धन, पोषण कार्जक्रम सहित के उत्कृष्ट व्यवस्थापन रहल देखल गईल, आवेवाला दिन मे आउर सफलता के कामना भी कईल उ प्रतिबद्धता जनवले रहनी ।

उ कार्जक्रम के अध्यक्षता राजपुर नगरपालिका के मेयर शेख सकिल अख्तर कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।