कोरोना महामारी नियन्त्रण के खातिर तईयारी सुरु करे खातिर मुख्यमन्त्री राउत के निर्देशन

जनकपुरधाम १० वैशाख
प्रदेश–२ सरकार कोरोना महामारी नियन्त्रण के खातिर योजना बनावत तइयारी सुरु करे खातिर सभी निकाय के निर्देशन देहले बा ।
शुक के दिने बईठल प्रादेशिक कारोना संकट व्यवस्थापन समिति के बईठक मे मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत प्रदेश के सभी निकाय के आपन आपन तइयारी मे कउनो किसिम के कमी ना राखे खातिर निर्देशन देहले बानी ।
कोरोना महामारी नियन्त्रण के खातिर जरुरी योजना तईयार करे खातिर समाजिक विकास मन्त्रालय के जिम्मेबारी देहल गईल बा ।
प्रदेश के आठ गो जिल्ला मे रहल पीसीआर ल्याब के खातिर जरुरी सामान तथा आउर जनशक्ति के विवरण तईयार करेके जिम्मेवारी प्रादेशिक जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला के प्रमुख के देहल गईल बा ।
आन्तरिक मामिला तथा कानुन मन्त्रालय से जिल्लासब मे जरुरी जनशक्ति तथा सामानसब के विवरण जिल्ला कोरोना संकट व्यवस्थापन समितिसब से संकलन करेके कहले बा । बईठक से प्रादेशिक अस्पताल स्थित नर्सिङ्ग कलेज के फेनु कोभिड अस्पताल मे रुपान्तरण करेके निर्णय कईले बा ।
महामारी नियन्त्रण के खातिर प्रमुख सचिव के नेतृत्व मे सभी मन्त्रालय के सचिव आ सुरक्षा निकायसब के प्रमुख रहेवाला किसिम से संयोजन समिति आ आपूर्ति महाशाखा के प्रमुख डा प्रमोद कुमार यादव के नेतृत्व मे मधेश स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान के रजिष्ट्रार डा. विनोद यादव, प्रादेशिक अस्पताल के मेसु डा. प्रमोद यादव आ प्रादेशिक जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला के प्रमुख डा. श्रवण मिश्र सदस्य रहेके प्राविधिक समिति भी गठन कईले बा ।






