कालिकामाई गाँवपालिका भ्रष्टाचारी के अखडा बनल प्रमाण मिलल, सम्बन्धित निकाय लाचार

वीरगंज ०४ असाढ
पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका संचालन प्रक्रिया मे चरम अनियमित्ता भईल प्रमाण मिलल बा ।
गाँवपालिका मे अनियमितता आ भ्रष्टाचार हो रहल सिकाईत बढला के बाद गाँव कार्यपालिका के कार्यालय हरिहरपुर विर्ता पुगल संचारकर्मीलोग के टोली आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ मे संचालन मे रहल बिकास निर्माण सम्बन्धि कउनो कागजात ना रहल कर्मचारीलोग बतवले बाडन । कार्यालय मे रहल दर्ता चलानी रजिष्टर मे गलत नियत से खाली जगहा छोड छोड के दर्ता चलानी कईल प्रष्ट जेकेहु भी देख सकता ।
गाँवपालिका के दर्ता रजिष्टर मे मिति २०७८ जेठ १ गते तक दर्ता नं. ११२१ तक क्रमश दर्ता कईला पर भी ओकरा बाद दर्ता नं. ११२२ दर्ता ना करके खालि जगहा राखल गईल बा । ओकरा बाद मिति २०७८ जेठ ३ गते दर्ता नं. ११२३ भईल हाजिर गायब सम्बन्धि पत्र दर्ता कईल बा ।
ओकरा बाद फेनु मिति २०७८ जेठ ३ गते हि दर्ता नं. ११२४ पेश्की माग सम्बन्धि पत्र दर्ता कईल बा । माकिर फेनु दर्ता नं. ११२५ आ दर्ता ११२६ के जगहा खालि राख के दोसर दर्ता कईल बा । मिति २०७८ असाढ ३ गते अन्तिम दर्ता नं. ११९२ सूचना माग सम्बन्धि पत्र दर्ता कईल बा ।
ओकर बिच मे भी कुछ दर्ता नं. के खालि जगहा छोडल गईला से ब्यापक अनियमित्ता भईल प्रष्ट होखत बा । दर्ता रजिष्टर मे लगातार दर्ता करेके नियम रहला पर भी करोडो के भ्रष्टाचार करेके नियत से बिच बिच मे कुछ नम्बर खाली हि छोडल गईल सहजे बुझल जा सकता ।
काहे दर्ता रजिष्टर मे खालि जगहा छोडके दर्ता कईल बा कहके बारेमे पुछला पर कार्यालय मे रहल कर्मचारी जवाफ देवे ना सकलन । ई सम्बन्ध मे कार्यालय मे ना भेटाईल प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत जयचन्द्र साह से फुन मे बुझे खारित बारम्बार फुन कईला पर भी फुन ना उठल ।
आर्थिक मसान्त के अन्तिम अन्ति मे आके अनियमित्ता आ पुराना मिति मे भ्रष्टाचार करे खातिर दर्ता रजिष्टर मे खालि जगहा छोडके दर्ता कईल गाँवपालिका के कर्मचारी स्रोत जनवले बा । अईसन नियम विपरित बहुते काम हो रहल उ कर्मचारी के कहनाम रहल बा ।
एहितर, गाँवपालिका मे संचालित बहुते बिकास निर्माण आ सामान खरिद के सूचना गाँवपालिका वेभसाइट मे भी राखल गईल नईखे आ गाँवपालिका कार्यालय मे भी ना रहल सूचना अधिकारी अमित चौरसिया बतवनी ।
गाँवपालिका मे बढत गईल अनियमित्ता आ भ्रष्टाचार सम्बन्ध मे छानविन के खातिर अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग मे बहुते मुद्दासब पडला पर भी ध्यान पुगे ना सकल स्थानियलोग के सिकाईत रहल बा ।






