सखुवाप्रसौनी गा.पा. के कार्यपालिका बईठक से अनेकन निर्णय भईल

पोखरिया १२ बैशाख

कोरोना महामारी के रोकथाम नियन्त्रण तथा ब्यवस्थापन के खातिर नियन्त्रण सम्बन्धि कार्यपालिका बईठक आजु पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के सभा हल मे पुरा भईल बा ।

कोरोना महामारी से बँचेवाला उपाय आ जनसमुदाय के कईसे बँचावे के समबन्ध मे बिषेश छलफल भईला के साथे कार्यपालिका से कुछ निर्णय भी भईल जनावल गईल बा । सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के कार्यपालिकासब के बईठक से कडाई के साथ निगरानी करेके, पडोसी देश भारत लगायत से आवे जाएवाला के निगरानी करेके लगायत आउर जगहा से आवेवाला के क्वारेन्टाइन मे राखेके, घर से बाहर जाएवाला लोग मास्क पहिन के बाहर निकलेके, केहु बिना मास्क पहिनले बाहर निकलला पर कारवाही के दायरा मे लियावे के, गाँवपालिका भर कोरोना बिरोध जनचेतनामुलक काम करेके, महुवन मे रहल अस्थाई कोभिड अस्पताल के आईसुलेसन वार्ड ब्यवस्थापन करके संचालन करेके, गाँवपालिका मे अक्सिजन के ब्यवस्थापन करेके, बजार ब्यवस्थापन मिलावेके लगायत के निर्णय कईल बा ।

गाँवपालिका अध्यक्ष प्रदिप जयसवाल के अध्यक्षता मे भईल बईठक मे उपाध्यक्ष फुलमती देबी थरुनी, प्रमुख प्रसाशकिय अधिकृत सन्देश यादव, वार्ड अध्यक्ष बिशवनाथ पटवारी, नियाज अहमद, जुमादिन अंसारी, रुपलाल यादव, गाँवपालिका स्वास्थ्य संयोजक राजेश रौनियार लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।