नेपाली काँग्रेस बिन्दवासिनी द्धारा बिरोध जुलुस सहित सभा

वीरगंज ०३ माघ

कम्युनिष्ट सर्बसत्ताबादी सरकार के प्रतिगामी कदम, असंवैधानिक संसद विघटन, भ्रष्टाचार, कुशासन के विरुद्ध मे नेपाली काँग्रेस बिन्दवासिनी गाँवपालिका द्वारा पालिका स्तरिय मोटरसाइकल जुलुस आ बिरोध प्रदर्शन कईले बा ।

नेपाली कांग्रेस बिन्दवासिनी गाँवपालिका के संयोजक विवेक कुमार चौरसिया के नेतृत्व मे निकलल मोटरसाइकल जुलुस के इटियाही चौक मे नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य तथा तराई मधेस समन्वय बिभाग के प्रमुख अजय कुमार चौरसिया नेपाली कांग्रेस के झण्डा देखा के शुभारम्भ कईले रहनी । मोटरसाइकल जुलुस गाँवपालिका के पाँच गो वार्ड मे घुमल रहे । इटियाहि चौक से सयों के संख्या मे निकलल जुलुस मधवल, अमरपट्टी, झौवागूठी, बहुअर्वा भाठा, हरिनगर, गर्दौल, भेलाहा, बडसावरा, हासवा होत प्रसौनी भाठा मे पुग के कोण सभा मे परिणत भईल रहे ।

राज्य प्रशासन बिभाग के सदस्य अशोक कुमार गुप्ता के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल कार्जक्रम मे शिक्षक महासंघ प्रदेश नं. २ के उपमहासचिव मोहनलाल पटेल, वार्ड अध्यक्ष अनोज चौरसिया, गाँवपालिका उपाध्यक्ष किरण देबि गुप्ता, बिपि चिन्तन प्रतिष्ठान के अध्यक्ष फजिल मिया लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

कोण सभा नेपाली कांग्रेस बिन्दवासिनी गाँवपालिका के संयोजक विवेक कुमार चौरसिया के अध्यक्षता मे पुरा भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।