पेस्तोल आ चरेस सहित भारतीय नागरिक पकडईलें

जनकपुरधाम १३ वैशाख
गोली लोड भईल पस्तोल आ लागूऔषध चरेससहित सर्लाही सदरमुकाम मलंगवा से एक जने भारतीय नागरिक पकडाईल बाडन ।
पकडाएवाला मे भारत के बिहार राज्य अन्तर्गत सितामढी थाना कन्हौली ग्राम पञ्चायत बिसनपुर आधार वार्ड नम्बर ८ रहेवाला २४ बरीस के सकलदीप कुमार महतो रहल बाडन ।
महतो सवार बीआर३०एस ६२०३ नम्बर के मोटरसाइकल चेकजाँच करेके समय मे मोटरसाइकल के डिकी भितर गोली लोड भईल अवस्था मे कटुवा पेस्तोल दु थान आ लागूऔषध चरेश ५ सय ग्राम बरामद भईल सर्लाही पुलीस जनवले बा ।
नेपाल प्रहरी आ सशस्त्र प्रहरी के सयूक्त टोली बिशेष सूचना के आधार मे सम्भावित आपराधिक घटना रोके खातिर एतवार के रात गस्ती कर रहल समय महतो के मलंगवा नगरपालिका वार्ड नं. ६ खुटौना से नियन्त्रण मे लेहले बा ।
महतो के नियन्त्रण मे लेके लागूऔषध तथा हाथहथियार खरखजनासम्बन्धी कसुर मे मुद्दा दर्ता करके जरुरी अनुसन्धान काम कर रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय, सर्लाही जनवले बा ।






