रौतहट मे कोरोना संक्रमित के संख्या एक सय से बेसी

रौतहट १५ वैशाख
रौतहट मे कोरोना के दुसरका लहर से संक्रमित होखेवाला के संख्या एक सय से बेसी पुगल बा । बुध के दिने आउर १४ जने मे संक्रमण पुष्टि भईला सँगे रौतहट मे कोरोना संक्रमित के संख्या १०७ पुगल बा ।
गौर अस्पताल के मुताविक पिछिलका २४ घण्टा मे २८ नमुना परीक्षण कईला पर १४ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा । रौतहट के चन्द्रपुर नगरपालिका मे सबसे बेसी २५ जने संक्रमित बाडन । कोरोना संक्रमण से रौतहट मे एक जने के मृत्यु भईल बा ।
कहाँ केतना बाडन संक्रमित ?
रौतहट के चन्द्रपर नगरपालिका मे सबसे बेसी २५ जने संक्रमित रहल बाडन । एहितरे गौर नगरपालिका मे २३, गरुडा मे १०, माधवनारायण मे ७ तथा दुर्गाभगवती, कटहरिया, फतुवा आ विजयपुर मे ६–६ जने संक्रमित रहल बाडन ।
एहितरे राजदेवी आ यमुनामाई मे ४–४ जने, ईशनाथ मे ३, बौधिमाई मे २ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । रौतहट के परोहा, देवाही गोनाही, मौलापुर आ गढीमाई मे १–१ जने संक्रमित रहल बाडन ।
अभी तक रौतहट के ३ गो स्थानीय तह वृन्दावन, राजपुर आ गुजरा नगरपालिका मे संक्रमित मिलल नईखन । संक्रमित मेसे ७० जने पुरुष आ २१ जने जनानी रहल बाडि । रौतहट मे आउर जिल्ला के ६ जने तथा नेपाल बाहर के एक जने संक्रमित रहल जिल्ला प्रशासन कार्यालय के तथ्यांक मे जनावल गईल बा । संक्रमण पुष्टि भईल सभी अपने घर मे क्वारेन्टिन मे रहल बाडन ।
दुसरका चरण के कोरोना संक्रमण तेजी से फईलला पर भी अभी तक रौतहट मे संस्थागत क्वारेन्टिन आ आइसोलेसन सञ्चालन होखे सकल नईखे ।






