वीरगंज मे १२४ जने मे संक्रमण पुष्टि

वीरगंज १५ बैशाख

वीरगंज मे मंगर के रात एके बेर १ सय २४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे मंगर के रात २ सय १० जने के स्वाब नमुना परीक्षण कईला पर ६० प्रतिशत मे अर्थात १ सय २४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

कोरोना के दुसरका लहर सुरु भईला के बाद वीरगंज मे एके दिन नयाँ संक्रमित मिलल ई सबसे बेसी ह । मंगर के रात थपाईल १ सय २४ संक्रमित मेसे पर्सा जिल्ला के मात्र ८६ जने बाडन । ई मेसे वीरगंज महानगरपालिका के मात्र ९० जने रहल अस्पताल के कोभिड कोर्डिनेटर डाक्टर सरोज रोशन दास जानकारी देहनी ।

एहितरे बारा के २५ जने तथा महोत्तरी, सर्लाही आ चितवन के १–१ जने मे भी संक्रमण मिलल डाक्टर दास बतवनी । वीरगंज मे चईत २७ गते से एने १ हजार १ सय २२ जने नयाँ संक्रमित थपाईल बाडन ।

चईत २७ गते सोमार से बैशाख १४ तक के समय मे २ हजार १ सय ८ जने के परीक्षण कईला पर आधा से बेसी अर्थात १ हजार १ सय २२ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल डाक्टर दास जानकारी देहनी ।

कोरोना संक्रमण के दुसरका लहर सुरु भईल एने वीरगंज के अस्पताल मे कोरोना के चलते २१ जने के मृत्यु भइल बा । ई मेसे पर्सा के १४ जने, बारा के ५ आ सर्लाही के २ जने बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।