वीरगंज मे निःशुल्क एम्बुलेन्स आ दवाई सेवा

वीरगंज १५ बैशाख
वीरगंज मे निःशुल्क एम्बुलेन्स आ दवाई सेवा शुरु कईल बा । निःशुल्क अक्सिजन सेवा के बाद वीरगंज महानगरपालिका एम्बुलेन्स आ दवाई के भी निःशुल्क सेवा शुरु कईले बा ।
महानगरपालिका सँगे एगो एम्बुलेन्स आ शववाहन भी ना रहे । पिछिलका बरीस कोरोना महामारी मे भारतीय नम्बर प्लेट के एम्बुलेन्स मे संक्रमित के शव लेजात लियावत रहे ।
ई बेर महानगरपालिका ३१ लाख ७० हजार रोपेया मे दु गो एम्बुलेन्स खरीद कईले बा । संक्रमित के अस्पताल पुगावे खातिर आ संक्रमण से मृत्यु भईल के दाहसंस्कार के खातिर लेजाएके पडला पर ई एम्बुलेन्स प्रयोग करेके महानगरपालिका जनवले बा ।
संक्रमित के ८ किसिम के दवाई निःशुल्क
महानगर मे बुध से होम आइसोलेसन मे भईल संक्रमित के दवाई बाँटेके काम सुरु भईल बा । नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी वीरगंज– ५ मे एके परिवार के पाँच जने संक्रमित के दवाई भी बाँटत सेवा के शुभारम्भ कईले बाडन ।
पेन्टा डीएसआर, डोलोपार, एजिमिन, सिट्रोन, भिटाजिन, डिभी ६० के, एसभीट, डोक्सी करके ८ किसिम के दवाई निःशुल्क बाँटल सुरु कईल महानगरपालिका जनवले बा । दवाई के प्याकेट मे स्वास्थ्यकर्मी के नम्बर आ खाएवाला तरिका भी उल्लेख कईल बा ।
वीरगंज मे मात्र ५३० जने संक्रमित होम आइसोलेसन मे बाडन । कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ के समय मे १७७ जने संक्रमित सम्पर्क मे आईल नईखन । महानगरपालिका के हेल्थ असिस्टेन्ट सुमन चन्द्र ठाकुर के मुताविक बितल समय से भी होम आइसोलेसन मे रहेवाला संक्रमित सचेत देखल गईल बाडन । परिवार से दुर हि रहत आईल बाडन । माकिर सम्पर्क मे ना आईल संक्रमित जोखिम बढा रहल बाडन ।
बढ रहलल कोभिड संक्रमण के ध्यान मे राख के महानगरपालिका नगरवासी के सेवा के खातिर अक्सिजन, एम्बुलेन्स आ दवाई सेवा निःशुल्क प्रदान करे लागल नगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी बतवनी ।
‘संक्रमित भइल अवस्था मे एम्बुलेन्स ना मिलला से अस्पताल जाए ना सकल, अक्सिजन ना मिलला से छटपटाएके आ सामान्य दवाई भी खाए ना मिलला से मरेके अवस्था आवे ना देवे खातिर अभियान शुरु कईल गईल बा’ उ कहनी ।
१४ जने लेगईलें अक्सिजन सिलिण्डर
महानगर निःशुल्क अक्सिजन वितरण करे खातिर ‘अक्सिजन बैंक’ के भी स्थापना कईले बा । अक्सिजन फिलिङ खर्च आ जरुरी समान लायन्स क्लब देहले बा । वीरगंज हेल्थ केयर से १५० गो अक्सिजन सिलिण्डर के बन्दोबस्ती मिलाके महानगर निःशुल्क अक्सिजन सेवा शुरु कईले बा ।
अक्सिजन बैंक से बुध से नगरवासी सेवा लेवे लागल बाडन । नगरवासी नागरिकता प्रमाणपत्र के प्रतिलिपि, कोभिड १९ संक्रमित भईल पुष्टि करेवाला रिपोर्ट के प्रतिलिपि आ अस्पताल÷चिकित्सक से जाँच कराके अक्सिजन जरुरी लिखल गईल पुर्जा के प्रतिलिपि बुझा के सेवा लेवे सकेके महानगर जनवले बा ।
लायन्स क्लब अफ वीरगंज के जोन चेयर पर्सन अनुप अग्रवाल के मुताविक निःशुल्क अक्सिजन सिलिण्डरके खातिर दु दिन मे ३० गो जेतना फुन आइल बा । १४ गो सिलिण्डर वितरण भइल बा ।






