पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका अध्यक्ष कुशवाहा के निधन

वीरगंज १७ बैशाख
पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका के अध्यक्ष नथुनी प्रसाद कुशवाहा के निधन भईल बा । अध्यक्ष कुशवाहा के ८५ बरीस के उमिर मे शुक के सबेरे बिहान निधन भईल बा ।
कालिकामाई गाँवपालिका–२ भेडिहारी घर भईल अध्यक्ष कुशवाहा के स्वास्थ्य अवस्था कमजोर होत गईल रहे । पिछिलका कुछ दिन एने वीरगंज स्थित डेरा मे राख के ईलाज होत रहे । उनकर बेटा हि डाक्टर बाडन । उनका बोखार आ श्वासप्रश्वास के समस्या देखल गईल परिवार के सदस्य बतवले बाडन ।
कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं. ५ के अध्यक्ष पवन तिवारी के मुताविक रात के करिब २ बजे के समय अध्यक्ष कुशवाहा के अवस्था बिगडल रहे । ‘सँझिया तक ठिके रहनी, भेट करके आईल रहनी, बातचीत करत रहनी,’ कहत उ, ‘रात २ बजे के ओरी स्थिति बिगडल जानकारी आईल, काठमाण्डु लेजाईल जाँव कहला पर सुधारोन्मुख हि बा कहके बात आईल रहे । माकिर बाद मे निधन भईल ।’ दाहसंस्कार के खातिर उनका के गाँव ओरी लेगईल पुलीस जनवले बा ।
उ पिछिलका स्थानीय तह के निर्वाचन मे संघीय समाजवादी पार्टी से गाँवपालिका के अध्यक्ष मे विजयी भईल रहलन । पञ्चायतकाल मे प्रधानपञ्च बनल उ ०४६ साल के बाद गाविस अध्यक्ष भी भईल रहलन ।





