वीरगंज मे आउर दु जने कोरोना संक्रमित युवक के मृत्यु

वीरगंज २१ बैशाख
वीरगंज मे कोरोना भाइरस संक्रमण से आउर २ जने के मृत्यु भईल बा । वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे वीरगंज महानगरपालिका १६ के २६ बरीस के युवक के मंगर के सबेरे साढे ११ बजे मृत्यु भईल बा ।
वैशाख १६ गते ईलाज के खातिर अस्पताल मे भर्ना भईल उ युवक के उहे दिन एन्टिेजन विधि से कोरोना के जाँच कईला पर कोरोना रिपोर्ट पोजिटिभ आईल रहे । निमोनिया से ग्रस्त उ युवक के ईलाज के समय मे उनकर मंगर के सबेरे साढे ११ बजे मृत्यु भईल अस्पताल के कोभिड कोर्डिनेटर डाक्टर सरोज रोशन दास जानकारी देहनी ।
एहितरे वीरगंजस्थित नेशनल मेडिकल कलेज के कोभिड अस्थायी अस्पताल मे ईलाज करा रहल पर्सा के पर्सागढी नगरपालिका ९ के ३४ बरीस के कोरोना संक्रमित युवक के भी मृत्यु भईल बा । वैशाख ७ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल उनका वैशाख १८ गते मात्र कोभिड अस्थायी अस्पताल मे भर्ना कईल रहे । उनकर ईलाज के समय मे सोमार के सँझिया साढे ७ बजे मृत्यु भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के कोभिड सम्पर्क व्यक्ति विनय कुमार श्रीवास्तव जानकारी देहनी । कोरोना के दुसरका लहर सुरु भईल एने चईत ३१ से वैशाख २१ गते मंगर के सबेरे तक वीरगंज मे कोरोना से ३६ जने के मृत्यु भईल बा । वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे २८ जने के, नारायणी बयोधा अस्पताल मे ४ जने, नेशनल मेडिकल कलेज के कोरोना अस्पताल मे ३ जने आ गण्डक अस्पताल मे १ जने के मृत्यु भईल बा । मृतक ३४ जने मेसे पर्सा के २५ जने, बारा के ७, सर्लाही के २ जने, रौतहट के १ जने आ एक जने भारतीय नागरिक बाडन ।
वीरगंज मे ११५ जने मे संक्रमण
वीरगंज मे आउर १ सय १५ जने मे कोरोना भाइरस के संक्रमण पुष्टि भईल बा । वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे सोमार के रात १९२ जने के पीसीआर परीक्षण कईला पर १ सय १५ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
संक्रमण पुष्टि भईल मेसे ८७ जने पर्सा के, २४ जने बारा के आ ४ जने रौतहट के रहल नारायणी अस्पताल के कोभिड कोअर्डिनेटर डाक्टर सरोजरोशन दास जानकारी देहनी । ५ बरीस से ८० बरीस उमिर समूह के १ सय १५ जने जने मेसे ८४ जने पुरुष आ ३१ जने जनानी रहल बाडि ।
कोरोना संक्रमण के दुसरका लहर सुरु भईला के बाद वीरगंज मे वैशाख १ गते से एने १ हजार ९ सय १२ जने संक्रमित थपाईल बाडन ।






