लक डाउन के समय मे पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे कालाबजारी सुरु, सम्बन्धित निकाय मौन

मेघराज राय

जीराभवानी २१ बैशाख

लकडाउन के समय मे पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे कालाबजारी सुरु भईल बा ।

पर्सा जिल्ला के जगरनाथपुर गाँवपालिका, जीराभवानी गाँवपालिका, पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका, पर्सागढी नगरपालिका, ठोरी गाँवपालिका लगायत के गाँवपालिका आ नगरपलिका मे कालाबजारी करेवाला के संख्या बढत गईल स्थानियलोग सिकाईत कईले बाडन ।

खाद्यान्न वस्तु मे गाँव घर मे रहल दोकानदारलोग कालाबजारी कर रहलल स्थानिय जानकारी देहले बाडन । दोकानदारलोग प्रति बोरा ९०० सय पडेवाला सोनामन्सुली चाउपर १३०० मे प्रति किलो १ सय ८० रोपेया, खाएवाला तेल प्रति लिटर ३ सय २० रोपेया, प्रती किलो ८० पडेवाला चिनि १२० रोपेया, प्रती किलो ३५ रोपेया पडेवाला आलु प्रती किलो ६० रोपेया, कपडा फिंचेवालाल साबुन २० पडेवाला के प्रती पिस ३० रोपेया, प्रती किलो ५० रोपेया पडेवाला चिउरा ८० रोपेया, ५ रोपेया प्रती पिस पडेवाला भोलागुट्खा १० रोपेया आ १०० के रिचार्ज कार्ड के १०५ से ११० रोपेया तक लेरहल जीराभवानी के स्थानिय वासिन्दा बतवले बाडन ।

लकडाउन के समय मे कालाबजारी ना करे खातिर प्रदेश २ के मुख्य मन्त्री लाल बाबु राउत बेर बेर निहोरा कईला पर भी पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र मे कालाबजारी रुकल नईखे ।

एहितरे पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के प्रमुख हरीनारायण चौधरी पटेर्वासुगौली गाँवपालिका भितर मे कालाबजारी करेवाला उपर कारवाही करेके बतवले बानी ।

लकडाउन के चलते दैनिक छाक टारेमे समस्या भईल समय कालाबजारी करेवाला दोकानदारलोग के कउनो भी हालत मे ना छोडेके चेतावनी गाँवपालिका प्रमुख चौधरी बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।