पर्सागढी नगरपालिका मे संक्रमित के निःशुल्क ईलाज, एम्बुलेन्स प्रयोग मे भी पईसा ना लागी

वीरगंज २४ बैशाख
पर्सा के पर्सागढी नगरपालिका नगरवासी के निःशुल्क दवाई ईलाज सेवा देवेवाला बा । नगर कार्यपालिका के बईठक से कोभिड–१९ के दुसरका भेरियन्ट रोकथाम, न्यूनीकरण आ नियन्त्रण के खातिर जरुरी प्रयास करेके निर्णय कईले बा । साथे नगरपालिका एम्बुलेन्स सेवा लेहला पर भी पईसा तिरेके ना पडि कहके निर्णय कईले बा ।
नगरवासी संक्रमित भईला पर जरुरत मुताविक निःशुल्क दवाई ईलाज आ जिल्ला भितर कोभिड १९ के ईलाज के खातिर निःशुल्क एम्बुलेन्स सेवा उपलब्ध करावे के निर्णय कार्यपालिका बईठक से भईल नगर प्रमुख लोक नारायण यादव जानकारी देहनी । ‘पचरुखी मे १५ बेड के आइसोलेसन सेन्टर बनावल जाई, औषधि उपचार सेवा निःशुल्क होखी, दोसर जगहा रिफर करेके अवस्था अईला पर एम्बुलेन्स मे पुगावल जाई ।’ कहत उ ‘कोभिड महामारी मे स्वास्थ्य सुरक्षा सतर्कता अपनाके संक्रमित ना होखेके अवस्था सिर्जना करे खातिर भी निहोरा कर रहल बानी ।’
बियफे के बईठक से पर्सागढी नगरपालिका– ५ स्थित पचरुखी स्वास्थ्य चौकी मे जरुरी पूर्वाधार के व्यवस्था करत १५ बेड के अस्थायी कोभिड अस्पताल सञ्चालन करके निःशुल्क औषधि उपचार सेवा उपलब्ध करावे के निर्णय कईल नगरपालिका जनवले बा ।
एहितरे, नगर के ९ गो वार्ड मे होम आइसोलेसन मे रहल कोरोना संक्रमित तथा शंकास्पद संक्रमितलोग के चिकित्सक के परामर्श मे स्थानीय जनप्रतिनिधि आ स्वास्थ्य संस्थामार्फत अनुगमन करके निःशुल्क दवाई के प्याकेज उपलब्ध करावे के आ जरुरत मुताविक जनमैत्री सेवा सुविधासब उपलब्ध करईला के साथे प्रभावकारी क्रियाकलाप सञ्चालन करेके निर्णय कईले बा । एम्बलेन्स सेवा के खातिर नगरपालिका उमेश प्रसाद साह के एम्बुलेन्स सञ्चालक संयोजक के जिम्मेवारी देहले बा । नगरपालिका सँगे दु गो एम्बुलेन्स बा ।






