प्रदेश–२ मे १९ जने पुलीस आ ५६ जने थुनुवा मे कोरोना संक्रमण

जनकपुरधाम २६ वैशाख
प्रदेश–२ मे १९ जने पुलीस आ ५६ जने थुनुवा मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
प्रदेश प्रहरी कार्यालय, जनकपुरधाम के मुताविक महोत्तरी बाहेक ७ जिल्ला मे प्रहरी संक्रमित देखल गईल बाडन । सबसे बेसी बारा मे ६ जने प्रहरी संक्रमित देखल गईल बाडन । पर्सा मे ५ जने, सर्लाही मे ३ जने, सिरहा मे २ जने तथा सप्तरी, धनुषा आ रौतहट मे १÷१ जने पुलीस मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल प्रदेश प्रहरी प्रमुख डीआइजी धिरजप्रताप सिंह जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक संक्रमित मेसे पर्सा के एक जने आक्सिजन के सपोर्ट मे ईलाज करा रहल आ बाँकी के अवस्था सामान्य बा । उलोग सम्बन्धित कार्यालय के आइसोलेसन मे ईलाज करा रहल बाडन ।
एहितरे, प्रदेश मे ५६ जने थुनुवा मे भी कोरोना संक्रमण देखल गईल बा । सबसे बेसी पर्सा पुलीस के नियन्त्रण मे रहल ३९ जने थुनुवा मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
रौतहट के १० जने, धनुषा के ५ जने तथा महोत्तरी आ सर्लाही पुलीस के नियन्त्रण मे रहल १÷१ जने थुनुवा मे संक्रमण देखल गईल बा । सप्तरी आ सिरहा के थुनुवा मे अभी तक संक्रमण देखाई देहले नइखे ।
संक्रमित थुनुवालोग के भी सम्बन्धित प्रहरी कार्यालय के आइसोलेसन मे राखल गईल पुलीस जनवले बा ।




