गौर मे जनमत पार्टी के कार्यालय कुशवाहा कईलें उदघाटन

मेवालाल यादव

रौतहट २६ असाढ

रौतहट के सदरमुकाम गौर मे आजु जनमत पार्टी के राष्ट्रिय उपाध्यक्ष ई.बसन्त कुशवाहा पार्टी के जिल्ला समन्वय समिति रौतहट के कार्यालय उदघाटन कईले बानी ।

जनमत पार्टी के राष्ट्रिय उपाध्यक्ष ई.बसन्त कुशवाहा आजु एगो कार्जक्रम के बीच उ जनमत पार्टी के कार्यालय भवन के रिबन काट के उदघाटन कईले बाडन ।

कुशवाहा गौर नगरपालिका के वार्ड–५ बि.पी चौक स्तिथ जनमत पार्टी के कार्यालय भवन के उदघाटन कईले बानी ।

जनमत पार्टी के जिल्ला समन्वय समिति रौतहट के कार्यालय उदघाटन कार्जक्रम के जिल्ला अध्यक्ष रामेश्वर प्र. यादव के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे उपाध्यक्ष कुशवाहा रौतहट जिल्ला के सभी गतिबिधि जनमत पार्टी के कार्यालय मार्फत जानकारी होखी कहके बतवनी । मधेश के २० गो जिल्ला मेची से महाकाली तक के हरेक जिल्ला मे ३ स्तर मे चुनाव होखी जईसे स्थानीय, प्रदेश, संघिय तह मे जनमत पार्टी के लाउड स्पिकर चिन्ह होखेके बतवनी ।

एहितरे रौतहट मे जिल्ला स्तर के २ गो प्राशिक्षण कार्जक्रम पुरा भईल रहे । रौतहट जिल्ला के ४ जगहा मे प्रशिक्षण कार्जक्रम जईसे बंकुल, कटहरिया, गढि़माइ नगरपालिका, माधवनारायण नगरपालिका मे पुरा भईल बा । जिल्ला स्तर, नगर स्तर, वार्ड स्तर मे प्रशिक्षण कार्जक्रम जारी हि रहल जनमत पार्टी के राष्ट्रिय उपाध्यक्ष ई.बसन्त कुशवाहा जानकारी देहनी ।

कार्जक्रम मे केन्द्रीय सदस्य एवम् केन्द्रीय प्रकाशन विभाग प्रमुख ललित मल्लिक शानु, केन्द्रीय सदस्य ई.शुबन्त कुशवाहा, केन्द्रीय संयोजक वरिष्ठ नेतृत्व मण्डल अशोक कुमार सिंह, केन्द्रीय संयोजक समाज कल्याण विभाग ः बिरेन्द्र साह, निवर्तमान जिल्ला इन्चार्ज विनय कुमार वर्मा, जिल्ला सचिव बिकास कुमार यादव, युवा नेता विवेक झा लगायत के नेता कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।