मुख्यमन्त्रीद्वारा युएन एजेन्सी से छलफल

धनुषा, ३ जेठ
प्रदेश नं २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत कोरोना महामारी नियन्त्रण के खातिर जरुरी सहजोग करे खातिर प्रदेशस्थित राष्ट्र सङ्घीय निकाय (युएन एजेन्सी) के निहोरा कईले बानी ।
प्रदेश नीति तथा योजना आयोग के संयोजन मे जनकपुरधामस्थित मुख्यमन्त्री निवास मधेश भवन मे सम्पन्न युएन एजेन्सी सँगे के छलफल मे राउत महामारी नियन्त्रण के खातिर बहुते जरुरी देखल गईल भेन्टिलेटर, अक्सिजन ग्यास के आपूर्ति, दवाई, जनशक्ति आ भ्याक्सिन उपलब्ध करावे खातिर निहोरा कईले बानी ।
युएन एजेन्सिज देश के करत आईल सहजोग प्रदेश मे खासे ना पुगल सिकाईत करत मुख्यमन्त्री राउत युएन एजेन्सीलोग से आवेवाला सहजोग प्रदेश तक लियावे खातिर पहल करे खातिर भी प्रदेशस्थित प्रतिनिधिलोग के निहोरा कइनी ।
युएन एजेन्सीज अभी तक महामारी नियन्त्रण मे करत आईल सहजोग के खातिर धन्यवाद देत मुख्यमन्त्री राउत आवेवाला दिन मे भी सहजोग के अपेक्षा भी कईले बानी ।
छलफल मे समाजिक विकासमन्त्री नवलकिशोर साह, मुख्यन्यायाधिवक्ता दीपेन्द्र झा, नीति तथा योजना आयोग के उपाध्यक्ष डा भोगेन्द्र झा, युएनडिपी के धनबहादुर चन्द, युएनडिएसएस के जितेन्द्रजङ्ग कार्की, डब्लुएचओ के डा सुरेशकुमार शुक्ला, आइओएम के पङ्कजलाल सिंह, युनिसेफ के अशोककुमार झा आ युएनएफपिए के नरेन्द्र मिश्र के सहभागिता रहल रहे ।






