पर्सा मे चिकित्सक सहित ६६ जने कर्मचारी के माग

वीरगंज ०४ जेठ

स्वास्थ्य कार्यालय आ नारायणी अस्पताल विकास समिति ६६ जने चिकित्सक सहित के स्वास्थ्यकर्मी आ सहजोगी कर्मचारी के माग कईले बाडन । अस्पताल विकास समिति मेडिकल अधिकृत ५ जने, स्टाफ नर्स २० जने आ अक्सिजन सिलिण्डर पोर्टर ९ जने माग कईले बा ।

चिकित्सक भा स्वास्थ्यकर्मी करार सेवा मे व्यवस्थापन करेके कार्यविधि २०७६ के अधिन मे रह के कोभिड मरेजी के ईलाजज के खातिर चिकित्सक एवं स्वास्थ्यकर्मी के माग कईल अस्पताल विकास समिति सोमार के दिने जारी कईल सूचना मे उल्लेख बा ।

कोभिड–१९ संक्रमित के ईलाज तथा पीसीआर ल्याब मे काम कईल अनुभवी के प्राथमिकता देवेवाला किसिम से ३ महिना के करार सेवा के खातिर कर्मचारी माग कईल निमित्ति मेडिकल सुपरीटेन्डेन्ट डाक्टर एनामुल हक जानकारी देहनी । सूचना मे तीन दिन भितर आवेदन देवेके कहल गईल बा ।

‘मरेजी मुताविक नर्सिङ स्टाफ एकदमे कम बा, ३ जने नर्स ५० जने गम्भिर मरेजी देखेके पड रहल बा । मृत्युदर घटावे खातिर जनशक्ति जरुरी देखल गईल ।’ निमित्त मेसु हक कहनी ‘आउर कर्मचारी भर्ना भईला के बाद मरेजी के कुरुवा से देखे ना पडेके अवस्था आई । अस्पताल के दरबन्दी खाली बा । दरबन्दी के प्रक्रिया मे गईला पर लम्हर समय लागेके आपतकालिन अवस्था के खातिर ३ महिने करार सेवा मे कर्मचारी भर्ना करत बानी ।’

कर्मचारी सँगे अक्सिजन पाईपलाईन जरुरी रहल संक्रमित के ईलाज मे खटल एक स्वास्थ्यकर्मी कहनी । ‘मरेजी कुरुवा के अक्सिजन ओराके आदमी मरेके कि कहके चिन्ता बा । अक्सिजन पाईपलाईन मात्र भईला पर बहुते सजिलो होखी ।’

प्रदेश सरकार के निर्देशन मुताविक स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा भी नारायणी अस्पताल आ पोखरिया अस्पताल के खातिर चिकित्सक सहित के स्वास्थ्यकर्मी आ सहजोगी कर्मचारी के माग कईले बा । नारायणी अस्पताल के खातिर १९ आ पोखरिया अस्पताल के खातिर १३ जने कर्मचारी माग कईल बा ।

नारायणी अस्पताल के खातिर कन्सल्टेन्ट एनेस्थेसिया १ जने, मेडिकल अधिकृत ५ जने, स्टाफ नर्स आ पारामेडिक्स ८ जने, एनेस्थिेसिया असिस्टेन्ट १ जने, ल्याब टेक्नोलोजिष्ट आ ल्याब असिस्टेन्ट १÷१ जने आ स्वीपर २ जने माग कईल बा ।

एहितरे पोखरिया अस्पताल के खातिर मेडिकल अधिकृत डाक्टर २ जने, स्टाफ नर्स ६ जने, रेडियोग्राफर, एनेस्थेसिया असिस्टेन्ट, ल्याब असिस्टेन्ट १÷१ जने आ स्वीपर २ जने माग कईले बा ।

पोखरिया अस्पताल मे २५ बेड के आइसोलेसन सेन्टर सञ्चालन मे बा । अक्सिजन जरुरी पडेवाला ७ जने कोरोना संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन । सोमार के दिने प्रकाशित सूचना मे कोभिड– १९ महामारी नियन्त्रण तथा संक्रमित विरामी के उचित तथा प्रभावकारी ईलाज व्यवस्थापन के खातिर कर्मचारी सेवा करार मे लेवे लागल उल्लेख बा ।

एकरा से पहिले प्रदेश सरकार नारायणी अस्पताल के खातिर पठावल ८ जने स्टाफ नर्स मेसे अभी २ जने अस्पताल मे हाजिर भईल नईखन ।

सोमार के दिने मात्र नारायणी अस्पताल मे कईल पीसीआर परीक्षण मे आउर ९५ जने मे संक्रमण पुष्टी भईल बा । जउना मे पर्सा के ५८ जने, बारा के २१ जने, ९ जने रौतहट आ सर्लाही के ७ जने बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।