वीरगंज महानगरपालिका के उममेयर कार्की ९१ बरीस के उमिर मे भी कोरोना जितली

वीरगंज ०६ जेठ
९१ बरीस के शान्ति कार्की १४ दिन अस्पताल रहला के बाद कोरोना जित के बियफे के दिने घर फिर्ता भईल बानी । घर फिर्ता होत कार्की कहनी, ‘हमर मन मे कोरोना से मरेम कहके एक बेर भी ख्याल ना आईल ।’ आत्मबल बरियार कईला पर कोरोना के सहजे जिते सकेके अनुभव सुनवनी ।
अस्पताल रहला पर खुद कभो भी मनोबल कमजोर ना कईल बतवनी । कार्की कहनी, ‘सभी महानगरवासी के शुभेच्छा आ आर्शिवाद से भी काम कईलख ।’ धर्ती मे जन्म लेहला के बाद एक न एक दिन मरेके पडि, कहत कार्की, ‘कोरोना लागल अब त हम मरेम कहके मन मे डर राखेके ना, हम कोरोना के हरावेके पडि कहके संकल्प लेवेके पडि, ठिक जरुरे होखल जाई ।’
कार्की वैशाख २३ गते कोरोना संक्रमित भईल रहनी । संक्रमण पुष्टि भईला के बिहान भईला वैशाख २४ गते कार्की वीरगंज महानगरपालिका गोपालमण्डली अतिथी सदन मे सञ्चालन कईल कोभिड अस्थायी अस्थायी अस्पताल मे भर्ना भईल रहनी ।
महानगरपालिका वैशाख २४ गते से अतिथी सदन मे सञ्चालन कईल कोभिड अस्थायी अस्पताल मे पहिलका मरेजी के रुपमे कार्की हि भर्ना भईल रहनी । १४ दिन के ईलाज के बाद बुध के दिने दुसरका बेर उनकर पीसीआर परीक्षण कईल रहे ।
नरायणी अस्पताल के प्रयोशाला से बुध के सँझिया देहल रिपोर्ट मे कार्की के पीसीआर रिपोर्ट नेगेटिभ आईल रहे । दुसरका बेर के पीसीआर परीक्षण के रिपोर्ट नेगेटिभ भईल आ स्वास्थ्य अवस्था भी सामान्य भईला से कार्की के अस्पताल से बियफे के सबेरे डिस्चार्ज करके घर पठावल गईल ईलाज मे संलग्न डाक्टर नीरज क्याल बतवनी ।
बियफे के दिने सबेरे अस्पताल से डिस्चार्ज कईला के बाद कार्की के नगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी आ प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत प्रदीप निरौला फूल के गुच्छा देके अस्पताल से बिदा कईले रहनी ।
अस्पताल से डिस्चार्ज के बाद माइस्थानस्थित भाउजू राधा कार्की के घर मे गईल नगर प्रमुख सरावगी बतवनी । कार्की दु चार दिन आराम करेके आ ओकरा बाद काम मे फिर्ता होखेके बतवनी ।
वीरगंज मे १ हजार से बेसी जितलें कोरोना
वीरगंज मे वैशाख से एने १ हजार बेसी कोरोना जित के ठिक भईल बाडन । वैशाख १ से जेठ ५ गते तक १ हजार ५४ जने कोरोना संक्रमण से मुक्त होके ठिक भईल बाडन । वैशाख एने अस्पताल आ होम आइसोलेसन मे रहल १ हजार ५४ जने ठिक भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के कोभिड फोकल पर्सन विनय श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक बैशाख महिना मे मात्र ५ सय ६० जने ठिक भईल रहलन । जेठ मे ५ दिन (जेठ १ से जेठ ५ तक) मे ४ सय ९४ जने कोरोना से ठिक भईल श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।
जेठ सुरु भईल एने दिन के कोरोना संक्रमण से मुक्त होखेवाला के संख्या बढत गईल उ बतवनी । वैशाख १ मे १२६, वैशाख २ मे १०१, वैशाख ३ मे १२७, वैशाख ४ मे ७० आ वैशाख ५ मे ७० जने संक्रमणमुक्त भईल बाडन ।
पर्सा मे अभी सक्रिय संक्रमित के संख्या १ हजार ७ सय ९६ रहल बा । उ मेसे वीरगंज के अनेकन अस्पताल मे ३४७ जने संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन । होम आइसोलेसन मे १ हजार ४ सय ४९ जने रहल श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।
कोरोना संक्रमण के दुसरका लहर सुरु भईल एने वीरगंज मे कोरोना संक्रमण से १९२ जने के मृत्यु भइल बा । उ मेसे पर्सा जिल्ला घर भइल ९७ जने बाडन । बाँकी ९५ जने मृतक आउर जिल्ला के रहल श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।






