प्रदेश २ सरकार किनलख ९ गो दमकल

जनकपुरधाम १४ जेठ
प्रदेश २ सरकार ९ गो बारुण यन्त्र (दमकल) किनले बा ।
प्रदेश के आन्तरिक मामिला तथा कानून मन्त्रालय ९ गो दमकल खरिद कईल मन्त्रालय के प्रवक्ता अवधकिशोर कुसवाहा जानकारी देहनी । उनका मुताविक एगो दमकल के मूल्य करिब ५३ लाख रोपेया पडल बा ।
खरिद कईल दमकल आठु जिल्ला के प्रशासन कार्यालय के उपलब्ध करावल जाई । ‘हरेक जिल्ला प्रशासन कार्यालय के एक–एक गो के दर से दमकल उपलब्ध करावल जाई,’ कहत प्रवक्ता कुसवाहा, ‘एगो प्रदेश प्रहरी कार्यालय के उपलब्ध करावल जाई ।’
कुसवाहा से चालु आ.ब.के बजेट मे एकरा खातिर बजेट उपलब्ध करईला से खरिद कईल बतवनी । खरिद कईल दमकल बियफे के दिने अस्थायी राजधानी जनकपुरधाम पुगल बा ।
यद्यपि कोरोनाकाल के समय मे स्वास्थ्य सामान खरिद करेके जगहा मे बारुण यन्त्र खरिद कईला मे प्रदेश सरकार के आलोचला होखे लागल बा ।
प्रदेश सरकार एकरा से पहिले ५ गवो बस किनले रहे । बस किनल आठ महिना पुगला पर भी सन्चालन होखे नईखे सकल ।






