खोप खरिद करेके जिम्मा केन्द्र सरकार के ह : स्वास्थ्य मन्त्रालय

काठमाण्डु १६ जेठ

सरकार स्थानीय तहसब के कोभिड–१९ विरुद्ध के खोप खुदे खरिद ना करेके कहले बा ।

कुछ स्थानीय तहसब खोप खरिद करेके व्यवस्था मिलावे खातिर स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय से निहोरा कर रहल समय सरकार के अईसन धारणा बाहर आईल बा ।

कोरोना महामारी नियन्त्रण करेके जिम्मेवारी स्वास्थ्य मन्त्रालय संघीय सरकार के रहल कहत सरकार सभी नागरिक के खोप देवेके घोषणा एकरा से पहिले हि कईला से बरु मन्त्रालय के ई काम मे सहजीकरण करे खातिर स्थानीय तह के कहले बा ।

मन्त्रालय एतवार के दिने आयोजना कईल भर्चुअल पत्रकार सम्मेलन मे परिवार कल्याण महाशाखा के प्रमुख डा. तारानाथ पाखरेल सरकार सँगे सहजीकरण करके ई काम मे स्थानीय तह से सहजोग कईल उपयुक्त होखेके बतवनी ।

कुछ स्थानीय तह खोप खुदे किनके लिअईला पर लगेके आउर पालिका के विभेद होखेके कहत मन्त्रालय के हि सहजोग करके जलदी खोप उपलब्ध करावेके काम मे सहजोग कईला पर सरकार के अभियान भी सफल होखेके उनकर कहनाम बा ।

कुछ स्थानीय तह खोप खरिद के खातिर पालिका स्तर से बजेट विनियोजन करेके इच्छाशक्ति देखावल सकारात्मक भईला पर भी सभी स्थानीय तह से खरिद करे सकेके सम्भावना ना रहल उनकर कहनाम बा ।

वीरगंज महानगरपालिका, पाल्पा के रामपुर नगरपालिकालगायत खोप किनेके अनुमति मागत स्वास्थ्य मन्त्रालय मे पत्राचार कईले रहे ।

स्थानीय तहसब खोप खरिद करके लियावे सकेके सम्भावना, ओकर प्राविधिक, स्टोरेज, अनुगमन, मूल्यांकन, कोल्डचेन के व्यवस्थापन लगायत आउर ओकरा से होखेवाला जोखिम नियन्त्रण तथा व्यवस्थापन बहुते कठिन रहल उ बतवनी ।

दुनु डोज खोप लगावल आदमी मे कोरोना संक्रमण दर एकदम कम रहल मन्त्रालय जनवले बा ।

संक्रमण भईला पर भी अस्पताल मे भर्ना होखेवाला दर कम रहल उ बतवनी । खोप से शतप्रतिशत आदमी के ना बँचा के भी बहुते नागरिक के बँचावे के उनकर विश्वास बा ।

खोप के प्रभावकारिता सँगे कुछ स्थानीय तहसब खोप खरिद के खातिर बजेट विनियोजन करे खातिर जरुरी पडेवाला नीति तथा निर्णय के बारे मे जरुरी जानकारी उपलब्ध करावे खातिर मन्त्रालय से निहोरा कईले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।