बाल हेल्पलाइनद्घारा कोरोना पोजेटिभ लइकालइकीसब के सहजोग

प्रभु यादव
बारा २० जेठ
बारा के जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका मे देखल गईल कोरोना पोजेटिभ ५ जने लईकालइकीसब के पौष्टिक युक्त सामानसब बियफे के दिने बाँटल गईल बा ।
जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के वार्ड नं ६ के वार्ड अध्यक्ष कैमोदिन अंसारी आ संचारकर्मी दिभाकर भण्डारी लगायत के लोग कोरोना पोजेटिभ लईकालइकीसब के गारजियनलोग के च्यवन प्रास १ किलो, रियल जुस १ किलो, होर्लिस ५०० ग्राम, सतुवा १ किलो, काजु २ प्याकेट, काबली बेदाम २ प्याकेट लगायत के सामानसब बँटले बानी ।
उ राहत सामान जनानी, लईकालईकी तथा ज्येष्ठ नागरिक मन्त्रालय, राष्ट्रिय बाल अधिकार परिषद् के सहजोग तथा संरक्षण नेपाल, बारा के सहकार्य मे संचालित बाल हेल्पलाइन नं. १०९८ बारा १० जने कोरोना पोजेटिभ भईल अति गरिब परिवार के ५ जने लईकालइकीसब के उ राहत सामान सहजोग कईल संरक्षण नेपाल के अध्यक्ष बृजमोहन कुशवाहा बतवनी ।
उ राहत बितरण कार्जक्रम मे संरक्षण नेपाल के अध्यक्ष बृजमोहन कुशवाहा, जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के स्वास्थ्य शाखा के अधिकृत जितन ठाकुर, संचारकर्मी दिभाकर भण्डारी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
लईकालइकीलोग के हकहित संरक्षण आ प्रवद्र्घन के खातिर बाल हेल्पलाइन नं. १०९८ बारा पर्सा, बारा, रौतहट आ सर्लाही जिल्ला मे काम करत आ रहल संस्था के कार्जक्रम संयोजक मुकेश कुमार कुशवाहा जानकारी करवले बानी ।






