हत्या आरोप मे तीन जने पकडईलें

भोटा. संवाददाता

वीरगंज ०६ माघ

पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका–७ रहेवाला २५ बरीस के सुरेन्द्र सहनी के हत्या मे संलग्न रहल आरोप मे पुलीस तीन जने के पकडले बा । वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ११ श्रीपुर के २२ बरीस के अजयकुमार साह, रानीघाट रहेवाला २० बरीस के कृष्णकुमार गुप्ता आ श्रीपुर के २० बरीस के राजन साह कानु पकडाईल बाडन । उलोग हि सहनी के हत्या कईल दाबी पुलीस कईले बा ।

कुछ समय पहिले अजय भारत से म्याजिक टेम्पो मे करिब ३ लाख के किराना समान लिया रहल समय सीमा क्षेत्र मे सशस्त्र पुलीस पकडले रहे । उ सामान सुरेन्द्र के सुराकी के आधार मे सशस्त्र पुलीस पकडल आशंका अजय लगायत कईले रहलन । पुस १९ गते से लागूऔषध गाँजा सेवन करे बईठल उलोग बीच इहे विषय मे विवाद भईल रहे । ओकरा बाद उलोग चक्कु मार के सहनी के हत्या कईल प्रहरी के प्रारम्भिक अनुसन्धान से देखल गईल बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता विरेन्द्र शाही सहनी के हत्या मे संलग्न तीन जने के पकडेमे सफल भईल बतवले बानी । “देह के अनेकन भाग कटल अवस्था मे लास मिलल रहे, हत्या भईल आशंका हमनी कईले रहनी,” कहत उ, “अनुसन्धान करत गईला पर घटना मे संलग्न तीन जने के नियन्त्रण मे लेहल गईल बा । उलोग हि मिल के सहनी के हत्या कईले बाडन ।”
बितल पुस २० गते सँझिया वीरगंज–२२ जगरनाथपुर मे चोख हथियार से काटल अवस्था मे बाँसघारी मे सहनी के लास मिलल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।