पर्सा मे निषेधाज्ञा सहज करत आउर ७ दिन थप

वीरगंज ३० जेठ

पर्सा मे कोरोना संक्रमण दर आ संक्रमित के संख्या घटत गईला के बाद निषेधाज्ञा सहज करके असाढ ६ गते तक के खातिर थपल बा । एतवार के दिने बईठल जिल्ला कोभिड संकट व्यवस्थापन समिति (डिसिसिएमसी) के बईठक से पर्सा मे वैशाख १६ गते से जारी निषेधज्ञा कुछ सहज बनाके अषाढ ६ गते तक के खातिर थपेके निर्णय कईले बा ।

कोभिड १९ संक्रमण नियन्त्रण तथा रोकथाम के खातिर पर्सा मे वैशाख १६ गते से निषेधाज्ञा जारी बा । पिछिलका बेर जेठ १९ मे बईठल डिसिसिएमसी के बईठक से निषेधाज्ञा जेठ ३० गते एतवार के रात १२ बजे तक के खातिर थपले रहे ।

ओकरा के एतवार के दिनके बईठल डिसिसिएमसी के बईठक से जेठ ३१ गते सोमार से आउर ७ दिन अर्थात असाढ ६ गते तक के खातिर थपेके निर्णय कईले बा ।

संक्रमण के चेन ब्रेक करे खातिर निषेधाज्ञा उपयोगी देखल गईल आ संक्रमण दर भी घटत गईला से कुछ परिमार्जन सहित असाढ ६ गते तक के खातिर निषेधाज्ञा थपेके निर्णय कईल पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी पिताम्बर घिमिरे बतवनी ।

पर्सा मे जारी निषेधाज्ञा मे, एकरा से पहिले दैनिक उपभोग्य खाद्यान्न वस्तु (किराना) के दोकानसब के मात्र सबेरे १० बजे तक खोले देहल गईल रहे । माकिर सोमार से थपाईल निषेधाज्ञा मे खाद्यान्न के साथे कृषि आ भेटेनरी, निर्माण सामान के दोकान आ वर्कसप दुपहरिया १२ बजे तक खोले देवेके निर्णय भईल प्रजिअ घिमिरे बतवनी ।

दुसरका लहर मे भी कोरोना संक्रमण के हटस्पट बनल पर्सा जिल्ला, कोरोना संक्रमण दर आ संक्रमित के संख्या घटत जाके अवस्था सुधार होत गईल बा । वैशाख अन्तिम हप्ता से निरन्तर घट्त गईल संक्रमण दर, जेठ अन्तिम हप्ता मे १० प्रतिशत मे पुगल बा ।

जेठ दुसरका हप्ता ३१ प्रतिशत के हाराहारी मे रहल संक्रमण दर निरन्तर घट के अभी १० प्रतिशत मे गिरल बा । दुसरका लहर सुरु भईला के बाद वीरगंज मे वैशाख दुसरका आ तिसरका हप्ता ओरी संक्रमण दर बढके ७० प्रतिशत से बेसी पुगल रहे । वैशाख १६ गते से लगावल गईल निषेधाज्ञा के चलते संक्रमण के चेन ब्रेक होके संक्रमण दर आ संक्रमित के संख्या घटत गईल बा । पर्सा के वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे पिछिलका एक हप्ता एने कईल पीसीआर परीक्षण मे संक्रमण दर औसत मे १० प्रतिशत रहल अस्पताल के वरिष्ठ चिकित्सक डाक्टर उदय नारायण सिंह जानकारी देहनी ।

जेठ २२ से जेठ २८ गते तक ७ दिन मे ६९३ जने के पीसीआर परीक्षण कईला पर ७७ जने मे मात्र संक्रमण मिलल बा । जेठ २८ गते शुक के दिने भी ९६ जने के परिक्षण कईला पर ४ जने मे मात्र संक्रमण पुष्टि भईल डाक्टर सिंह बतवनी ।

जेठ २७ मे भी ५० जने के परिक्षण कइला पर ४ जने मे मात्र संक्रमण पुष्टि भईल रहे । जेड २९ गते शनिचर के दिने कम मात्र स्वाब संकलन भईला से परिक्षण करे ना सकल डाक्टर सिंह बतवनी ।

पर्सा मे अभी नयाँ थपेके संक्रमित के संख्या निरन्तर कम होत गईल आ ठिक होखेवाला के संख्या भी बढत गईला से अस्पताल आ आइशोलेसन सेन्टर मे भी शैयया खाली होत गईल बा । एकरा साथे सक्रिय संक्रमित के संख्या भी घटत गईल बा । पर्सा मे अभी सक्रिय संक्रमित १ सय १० जने मात्र रहल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के कोभिड सम्पर्क व्याक्ति विनय श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।

उ मेसे अस्पताल आ आइशोलेसन सेन्टर मे करके ४५ जने मात्र संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन । बाँकी ६५ जने भने होम आइसोलेसन मे बाडन । पर्सा मे कोरोना संक्रमति के ईलाज के खातिर अस्पताल आ आइसोलेसन सेन्टर मे करके ७ सय २५ शैया के व्यवस्थापन कईल बा ।

माकिर अभी उ सभी मे करके ४५ जने मात्र संक्रमित भर्ना रहल आ बाँकी ६८० शैया खाली रहल श्रीवास्तव जानकारी देहनी । जेठ दुसरका हप्ता मे सक्रिय संक्रमित १ हजार ६ सय आ तिसरका हप्ता मे सक्रिय संक्रमित ६ सय १८ जने रहलन । इहाँ के चिकित्सक अस्पताल आ आइसोलेसन सेन्टर मे गम्भीर किसिम के मरेजी के संख्या घटत गईला के बाद संक्रमण के जोखिम ना टरला से अभी भी सावधानी अपनावल जरुरी हि भईल बतवले बाडन ।

नारायणी अस्पताल के वरिष्ठ चिकित्सक डाक्टर उदयनारायण सिंह कोरोना संक्रमण दर घटत गईल बतवनी । माकिर जोखिम ना टरला से सावधानी अपनावल जरुरी हि रहल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।