प्रदेश २ सरकार लिआईल ३३ अरब ७९ करोड के बजेट

जनकपुरधाम ०१ असाढ

प्रदेश २ सरकार आवेवाला आर्थिक बरीस २०७८÷०७९ के खातिर ३३ अरब ७९ करोड १४ लाख ३० हजारके बजेट लिआईल बा ।

आर्थिक मामिला तथा योजना मन्त्री विजय कुमार यादव छौ वाँ अधिवेशन के ९ वाँ बईठक मार्फत प्रस्तुत कईल वार्षिक आय–व्यय विवरण मे चालु ओरी १५ अरब ६३ करोड ३३ लाख ४७ हजार रकम बिनियोजन कईले बा । जउन कूल रकम के ४६.२६ प्रतिशत रोपेया ह ।

एहितरे पूँजीगत ओरी १८ अरब ५ करोड ८० लाख ८३ हजार रकम विनियोजित कईल बा । ई कूल रकम के ५३.४४ प्रतिशत ह । बजेट मे वित्तिय व्यवस्था ओरी १० करोड अर्थात ०.३० प्रतिशत विनियोजन कईल बा । बजेट के श्रोत मे नेपाल सरकार के ओरी से अनुदान १३ अरब ९० करोड ३४ लाख रहल बजेट वक्तव्य मे उल्लेख बा ।

आवेवाला आर्थिक बरीस के खातिर अनुमान कईल खर्च व्यहोरेवाला श्रोत मेसे आन्तरिक श्रोत के राजश्व से ३ अरब ४ करोड ९१ लाख ३० हजार रहल बा । राजश्व बाँडफाँट से ९ अरब ५८ करोड ८९ लाख आ चालु आर्थिक बरीस के विनियोजन से बचत होखेवाला नगद मौज्दात ६ अरब २५ करोड करके जम्मा ३२ अरब ७९ करोड १४ लाख ३० हजार व्यहोरला पर १ अरब न्युन होखेके देखल गईल बा ।

उ न्युन रकम पूर्ति के खातिर आवेवाला आर्थिक बरीस मे आन्तरिक ऋण परिचालन करेके उल्लेख कईल बा । निर्वाचन क्षेत्र विकास कार्जक्रम के अन्तर्गत आवेवाला आर्थिक बरीस मे २ अरब ३५ करोड विनियोजन कईल बा । प्रदेशभर के स्थानीय तहसब के आवेवाला आर्थिक बरीस मे वित्तिय हस्तान्तरण के खातिर ३ अरब १६ करोड ५० लाख बजेट विनियोजन कईल बा ।

कोभिड नियन्त्रण से भी पोखरी सौन्दर्यीकरण मे बेसी !

बजेट मे स्वास्थ्य क्षेत्र, कृषि, शिक्षा, रोजगार, भौतिक पूर्वाधार निर्माण के प्राथमिकत मे जोड देहल गईल बा । कोरोना महामारी नियन्त्रण के खातिर २० करोड छुट्यावल गईल बा । माकिर एकरा से बेसी पोखरी सौन्दर्यीकरण, मूख्यमन्त्री स्वच्छता अभियान के खातिर छुट्यावल गईल बा ।

पोखरी सौन्दर्यीकरण मे ३२ करोड आ मूख्यमन्त्री स्वच्छता अभियान मे ३१ करोड विनियोजन कईल कहत समाजिक सञ्जाल मे टिप्पणी होखे लागल बा । कोरोना महामारी से सरकार पोखरी सौन्दर्यीकरण के बेसी प्राथमिकता देहला के बाद सामाजिक सञ्जाल मे आलोचना होखे लागल बा ।

जवकि प्रदेश २ के अनेकन जिल्लासब मे कोरोना महामारी फईलेके क्रम अभी रुकल नईखे । पहिलका आ दुसरका लहर मे प्रदेश २ के अनेकन जिल्लासब हटस्पट भी बनल रहे । स्वास्थ्यकर्मीलोग तिसरका लहर के चेतावनी देहला पर प्रदेश सरकार ओकरा खातिर प्राथमिकता ना देके आउर क्षेत्र देखला मे युवालोग आलोचना करे लागल बाडन ।

बितल आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ मे प्रदेश २ सरकार ३३ अरब ५६ करोड ९ लाख ८९ हजार के बजेट लिआईल रहे । जउना मे चालु ओरी १५ अरब ४२ करोड २६ लाख ९८ हजार अर्थात ४५.९५ प्रतिशत रकम विनियोजन कईल रहे आ पूँजीगत ओरी १७ अरब ९७ करोड ८२ लाख ९१ हजार अर्थात ५३.६७ प्रतिशत, वित्तीय व्यवस्था ओरी १६ करोड अर्थात ०.४८ प्रतिशत विनियोजन कईल रहे ।

एकरा से पहिले, बितल आर्थिक बरीस २०७६÷७७ मे ३८ अरब ७२ करोड ५६ लाख ६१ हजार रोपेया के बजेट लिआईल रहे । जउना मे चालु ओरी १९ अरब ११ करोड ९७ लाख ३८ हजार आ पुँजीगत ओरी १९ अरब २६ करोड ५४ लाख ६४ हजार रोपेया छुटयवले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।