परवानीपुर गा.पा. मे नेपाली कांग्रेस ध्यानाकर्षण पत्र बुझवलख

बारा ०२ असाढ

बारा के परवानीपुर गाँवपालिका मे आजु नेपाली कांग्रेस ध्यानाकर्षण पत्र बुझवले बा । गाँवपालिका के वार्ड नं ५ बहुअरी टोल के पार्टी सभापति कुंज बिहारी पटेल के नेतृत्व मे गाँवपालिका अध्यक्ष हरिनारायण साह के आजु ज्ञापनपत्र बुझावल गईल बा ।

गाँवपालिका के वार्ड नं ५ बहुअरी टोल मे वार्ड अध्यक्ष नियम विपरीत, अनाधिकृत रुप मे प्राथमिक स्कूल के नयाँ भवन निर्माण करावे लागल आ एमे वार्ड अध्यक्ष से व्यापक भ्रष्टाचार भईल आशंका कईल बा । नेपाली कांग्रेस के युवा नेता सुनिल पटेल के मुताविक वार्ड अध्यक्ष टोल मे सार्वजनिक सूचना बिना हि स्कूल के ब्यबस्थापन समिति गठन कईल आ भवन निर्माण मे भी बिना सूचना निकाल के उपभोक्ता समिति गठन कईल जनावल गईल बा ।

ई काम उपर वार्ड अध्यक्ष के नियत सही ना भईल आ खुदसब ई सभी काम स्थगित करके सार्वजनिक रूप मे सूचना जारी करके सभी टोलवासी के सहकार्य मे विकास के कामसब करेमे आजु ई ज्ञापनपत्र मार्फत गाँवपालिका अध्यक्ष के निहोरा कईल जानकारी देहनी ।

स्कूल के जमीन छुट्यावेके, बाउन्ड्री करेके आ विद्यालय व्यवस्थापन समिति सार्वजनिक रूप मे करे खातिर खुदसब के मुख्य बुँदा रहल पार्टी के गाँवपालिका सचिव श्याम राम जानकारी देहनी । ज्ञापन पत्र बुझत गाँवपालिका अध्यक्ष साह ई बारे मे खुद गम्भीर रहल आ वार्ड अध्यक्ष से पत्रमार्फत लिखित जवाब माग के सत्य तथ्य पत्ता लगाके कारवाही अगाडि बढावेके प्रतबद्धता जनवनी ।

एकरा साथे टोल के वार्ड अध्यक्ष के भी ध्यानाकर्षण बुझावल गईल आ सभी काम के स्थगित कररके नियम कानुन मुताविक करे खातिर निहोरा कईल युवा नेता सुरेन्द्र पटेल जानकारी देहनी । ध्यानाकर्षण पत्र बुझावे मे पार्टी के मुना पटेल, अनिल पटेल, सञ्चारकर्मी राहुल गुप्ता, आन्नद पटेल लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।