पालिका के भ्रष्टाचार के विरोध करत अवाज

प्रभु यादव , १४ कार्तिक
बारा के कलैया चौक पर पालिका के भ्रष्टाचार के विरोध मे सभा कर के जनता के अवाज उठावेला निहोरा ।
सचेत युवा समाज कलैया के अायोजना मे जनता के अवाज सुनावेला विरूद्ध सभा के अायोजना कईले रहल ।
कलैया उपमहानगरपालिका मे कोभिड १९ के लकडाउन मे कोरोना से बचेला जनता के सचेत करेला आ संखास्पत रहल लोग के करेन्टाइन मे राख के स्वस्थ्य सुरक्षा के नाम मे भ्रष्टाचारी भईल कार्जक्रम के अगुवा डा. सुशील साह जनकारी देहनी ।
चौक पर खुला रूप मे जनता सब के सचेत करावत आ भ्रष्टाचार के विरूद्ध लागेला कहत स्वस्थ्य मे सुरक्षा देवे के ठाव मे भ्रष्टाचार कईल केतना नजायज भईल जवन जनता के साथ खेलवाड कईल गईल बा साह कहनी ।
स्वास्थ्य मे गैरजिमेवार होके काम कईल बा तब दुसर विकास मे केतना भ्रष्टाचार कईल गईल होई साह सिकायत करत सहभागी भईल लोग जनकारी करावले रहनी ।
कार्जक्रम मे डा सँतोष यादव, डा साहिद राजा ईन्जिनियर शुसिल सिंह
कार्यक्रम सँचालन रबि यादव कईले रहल जवना मे आ-आपन बात राखत जे जनता जहाँ बा उहे से भ्रष्टाचार के अन्त्य करेला लागे के निहोरा कईले रहलन ।






