अदालत के निर्णय बदर कईखल न्यायिक समिति

प्रभु यादव
बारा ०४ असाढ
करैयामाई गाँवपालिका मे अदालत से कईल निर्णय न्यायिक समिति बदर कईले बा । अदालत से कईल निर्णय गाँवपालिका से ना मानला के बाद पिडित पत्रकार सम्मेलन करके जानकारी करवले बाडन ।
अदालत २०६२ जेठ २० करैयामाई गाँवपालिका साविक वार्ड नम्वर ३ बजनी के बैधनाथ यादव से कईल जमिन विवाद के मुद्धा मे सुनवाई करत एक फिट के नाला विपक्षी लालमुनिया यादव के जमिन से नाला निमार्ण करेके निर्णय कईले रहे । पिडित न्याय मागे खातिर जाहा गईला पर न्याय ना मिलला के बाद पत्रकार सम्मेलन कईले बाडन ।
जनप्रतिनिधि चुनाव जित के अईला से बाद अदालत से कईल निर्णय खुद से ना मानेके न्यायिक समिति से कईल निर्णय मात्र मान्य होखेके न्यायिक समिति के समयोज चित्रलेखा चौधरी बतावत आईल पिडित यादव बतवनी ।
आपन जमिन के कित्ता नम्वर १४० के ६ कठा मे बितल बरीस आपन लगानि मे बोरिङ्ग जडान कईला पर भी विपक्षी लालमुनिय यादव के बेटा विनोद यादव गाँवपालिका के बजेट से बोडिङ्ग जडान कईल कहके विवाद सृजना कर रहल पिडित पत्रकार सम्मेलन मे बतवनी ।
गाँवपालिका के बजेट से बोडिङ्ग जडान कईले बा आ कागजात देखेके मागला पर वार्ड अध्यक्ष देवेन्द्र केशरी कागजात नईखे जहाँ खोजेके बा खोज कहके हप्कावेके काम मात्र करेला । गाँवपालिका मे जाके विरेन्द्र महतो से बुझला पर फर्जी बोडिङ्ग जडान कईल कागजत देहनी । ओमे गाँवपालिका के अध्यक्ष भुवनेश्वर धामी के हस्ताक्षर फर्जि रहल स्वयम गाँवपालिका अध्यक्ष से बतावल पत्रकार सम्मेलन मे यादव बतवनी ।
बितल बरीस निमित्त महतो आ वार्ड अध्यक्ष केशरी आ विनोद यादव मिल के बहुते अनियमित्ता कईला से महतो के खाता भी कोष तथा लेखा नियन्त्रण रोकले रहे । कुछ अधिकृत अईला पर गाँवपालिका मे रहे ना देवेके आरोप भी लागत आईल बा ।
वार्ड अध्यक्ष यादव वार्ड के विकास के बजेट से आपन खेत के तानका माटी भरके पाँच लाख ब्रहमलुट भी कईल पत्रकार सम्मेलन मे बतवनी ।





