पोखरिया नगरपालिका के पाँच वाँ नगरसभा पुरा

वीरगंज १० असाढ
पर्सा के पोखरिया नगरपालिका के आर्थिक बरीस २०७८÷०७९ के पाँच वाँ नगरसभा नीति तथा कार्जक्रम पोखरिया नगरपालिका के सभा हल मे आजु भईल पाँच वाँ नगरसभा के प्रमुख अतिथी के रुप मे रहल जेस्टनागरिक महिला सदस्य रब्या खातुन उदघान कईले रहनी ।
नगरसभा से ४६ करोड ३० लाख ८२ हजार बराबर के अनुमानीत बजेट नगर उपप्रमुख सलमा खातुन प्रस्तुत कईले रहनी । नगर सभा कार्जक्रम मे पोखरिया नगरपालिका मेयर दिपनारायण रौनियार जनतालोग से कईल वाचा अभी भी अधुरे हि रहल बा । हमनीलोग जनप्रतिनिधि होके आईल समय से विकास निर्माण लगायत के काम खुद सकेभर बाकी छोडल नईखे ।
अभी भी बाकी रहल काम छ महिना मे जनतालोग से कईल वाचा पूरा करेके बतवनी । उ कहनी, ‘राजनीतिक खिचातानी के चलते पोखरिया नगरपालिका के बिकास मे समस्या भईला पर भी संघर्ष करके नगरपालिका के जनप्रतिनिधिलोग एक जुट होके अगाडि बढेके नगर प्रमुख जनवले बाडन । उ जनप्रतिनिधि आ कर्मचारीलोग वीच समन्वय करके अगाडि बढला से अभी हमनीलोग बहुते हि बिकास निर्माण लगायत के काम अगाडि बढल बानी ।
पोखरिया जिल्ला के दुसरका सदरमुकाम के रूप मे रहल पोखरिया के समग्र विकास के खातिर एकजुट होके अगाडि बढे खातिर निहोरा कइनी । नगरसभा से कार्जक्रम बजेट मे पोखरिया नगरपालिका के ४६ करोड ३० लाख ८२ हजार के बजेट नीति तथा कार्जक्रम मे प्रस्तुत कईला मे आन्तरिक स्रोत ५करोड, समानिकरण अनुदान ११ करोड ७५लाख, सशर्त १९ करोड ८९ लाख, राजस्व बाडफाड ७ करोड १५ लाख, प्रदेश सरकार से बितिय समानिकरण ८० लाख ४४ हजार, विशेष अनुदान ३० लाख, सम्पुरक २० लाख, राजस्व बाडफाड ४० लाख ५२ लाख रहल बा । नगर सभा कार्जक्रम मे स्वास्थ्य, शिक्षा, कृषि, पशु, पर्यटन, भौतिक पुर्वधार विकास मे, जनानी लईकालइकी उत्वथान, ग्यास चुल्हा, ग्यास सलेन्डर बितरण लगायत मे विशेष जोड नगर प्रमुख रौनियार देहनी ।
नगरसभा कार्जक्रम मे नगर उपप्रमुख सलमा खातुन नगरपालिका के विकास मे सभी जनप्रतिनिधिलोग मिल के अगाडि बढे खातिर निहोरा भी कइनी । नगरपालिका के प्रमुख प्रसाशकीय अधिकृत अशोक कोईराला जनतालोग के काम जलदी होखेके दाबी कइनी । जनतालोग के कामकाज मे ढिलाई करेवाला कर्मचारीलोग के कारवाही करेके बतवनी । आवेवाला दिन मे जनप्रतिनिधिलोग के समन्वय आ सहजोग भईला पर पोखरिया नगरपालिका के बिकास के गति लेवेक अधिकृत कोईराला बतवनी ।
नगरसभा कार्जक्रम मे वार्ड अध्यक्ष बंका राउत कुर्मी, सुरेन्द्र यादव, अजय कुमार गुप्ता, लक्षमण साह कानु, उमाकान्त साह, शियानन्द चौहान, नन्दलाल पटेल, किशोरी साह, रामबाबु चौहान, सोनालाल साह गोढ, नगरकार्यपालिका के सदस्य, अधिकृत बिजय झा, स्वास्थ्य संयोजक कौसलेन्द्र झा, आईटी अफिसर अरबिन्द दुबेदी, संदिप साह, बैजनाथ चौधरी, राजु रौनियार, कर्मचारीलोग, पत्रकार, सुरक्षाकर्मी लगायत के सहभागिता रहल रहे । नगरसभा कार्जक्रम पोखरिया नगरपालिका के मेयर दिपनारायण रौनियार के अध्यक्षता मे मे पुरा भईल रहे ।
कार्जक्रम नगरपालिका के सह लेखापाल मनोज तिवारी सञ्चालन कईले रहलन ।






