बारा के १४ गो पालिका परिषद् करे मे सफल, दु गो असफल

प्रभु यादव

बारा ११ असाढ

बारा के १६ पालिका मध्ये १४ गो परिषद करे मे सफल आ दु गो असफल भईल बा । असाढ के १० गते के भितर पालिका के नीति तथा बजेट कार्यक्रम सर्वजनिक करे के नियम रहल बा जवना के पूरा १४ गो पालिका करे मे सफल भईल बा ।

कलैया उपमहानगरपालिका, महागढीमाई नगरपालिका, सिम्रौनगढ नगरपालिका, निजगढ नगरपालिका, कोल्हवी नगरपालिका, पचरौता नगरपालिका, परवानीपुर गाँवपालिका, प्रसौनी गाँवपालिका, फेटा गाँवपालिका, विश्रामपुर गाँवपालिका, देवताल गाँवपालिका, आदर्शकोतवाल गाँवपालिका आ बारागढी गाँवपालिका नीति तथा कार्यक्रम सर्वजनिक करत परिषद करे मे सफल भईल बा ।

जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका आ करैयामाई समय सिमा भितर परिषद करे मे असफल रहल बा । करैयामाई गाँवपालिका के उपाध्यक्ष चित्रलेखा चौधरी वडाध्यक्ष सब के योजना मे बातचित ना मिलला से परिषद ना होखे सकल जनकारी करावले बानी । वार्ड अध्यक्ष लोग के आपन आपन वार्ड मे विशेष बजेट राखे के परल कहत नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुति करे मे बात ना मिलला से ठिलाई भईल उपाध्यक्ष चौधरी जनकारी करावले बानी ।

सभे कार्यपालिका सदस्य लोग से बातचित कर के नीति तथा कार्जक्रम तईयार कर के आवेवाला हप्ता मे सर्वजनिक करे के जानकारी उपाध्यक्ष चौधरी जनकारी करावले बानी । जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के उपमेयर सरस्वती देवी चौधरी नीति तथा कार्जक्रम तईयारी ना भईला से ना होखे सकल जनकारी करावले बानी । नीति तथा कार्जक्रम तईयार होते परिषद करे के उपाध्यक्ष चौधरी जनकारी करावले बानी ।

जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ५ के अध्यक्ष मोहित चौधरी कार्यपालिका बईठक तीन महिना होसकल बा नीति तथा कार्जक्रम मेयर आ उपमेयर के नाचाहला से होखे ना सकल जनकारी करावले बानी ।

कार्यपालिका सदस्य लोग आ वार्ड अध्यक्ष लोग एक आपस मे बात करहल बा अब मेयर आ उपमेयर के नीति तथा कार्जक्रम करेला वाध्य बनावे के काम करे के अध्यक्ष चौधरी जनकारी करावले बानी । समय मे नीति तथा कार्जक्रम ना लेवला से केन्द्रीय सर्शत अनुदान मिलि कि ना मिलि शंका लागरहल चौधरी जानकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।