तेक्वान्दो संघ पर्सा मन्त्री शर्मा के सम्मान कईलख

वीरगंज १३ असाढ
पर्सा जिल्ला तेक्वान्दो संघ एतवार के दिने एक कार्जक्रम के बीच प्रदेश नं. २ के नवनियुक्त उर्जा तथा सिचाई मन्त्री ओमप्रकाश शर्मा के सम्मान कईले बा ।
वीरगंज दरबार होटल मे भईल सम्मान कार्जक्रम के सम्बोधन करत मन्त्री शर्मा तेक्वान्दो संघ के खुद हरदम सहजोग करे खातिर तइयार रहल बतवनी । पर्सा जिल्ला तेक्वान्दो संघ के संस्थापक अध्यक्ष भी रहल मन्त्री शर्मा वीरगंज के खेलकुद मे देश के एक नम्बर मे लियावे के हमर इच्छा रहल बतवनी ।
“निषेधाज्ञा ओरईला के बाद अपनेलोग के जउन जउन टुर्मामेन्ट प्रतियोगता आयोजना करेके बा करीं, हमर समकक्षी आ मित्र खेलकुद मन्त्री भी रहला से खुद सहजोग करे खातिर तइयार बानी” कहके बतवनी ।
तेक्वान्दो संघ के अध्यक्ष अध्यक्ष गणेशमान श्रेष्ठ के अध्यक्षता मे भईल सम्मान कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नं. १० के वार्ड अध्यक्ष नगिना प्रसाद साह, वार्ड नं. २४ के वार्ड अध्यक्ष दशरथ पटेल, अमित अग्रवाल, कुमार मनान्धर लगायत के उपस्थिती रहल रहे ।






