डिआईजी मगर के एगो आउर सफलता, हुण्डी के रोपेया सहित भारतीय नागरिक पकडईलें
वीरगंज २७ फागुन
रौतहट के सहरमुजवा से हुण्डी कारोवारी सहित नगद आ भारतीय नम्बर के मोटरसाइकल सशस्त्र पुलीस नियन्त्रण मे लेवेमे सफल भईल बा । बिशेष सुचना के अधार मे सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल २ नम्बर छिन्नमस्ता बाहिनी से खटल स्कवाड टोली हुण्डी के रोपेया सहित कारोवारी आ भारतीय नम्बर के मोटरसाइकल के नियन्त्रण मे लेवेमे सफल भईल बा ।
शुक के दिने करिब १२ बजे के समय मे खटल स्कवाड टोली रौतहट के बौधिमाई नगरपालिका वार्ड नम्बर ९ सहरमुजवा से हुण्डी के १८ लाख ७३ हजार सहित भारतीय नागरिक के स्कवाड टोली नियन्त्रण मे लेवेमे सफल सशस्त्र पुलीस जनवले बा । भारतीय नम्बर बि.आर.०५ वाई २०७९ नम्बर मोटरसाइकल के सिट के निचे, हेलमेट भितर आ टुल बक्स भितर लुकाके हुन्डी के कारोवार हो रहल बिशेष सूचना के अधार मे सशस्त्र पुलीस भारतीय नागरिक सहित पकडल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।
सशस्त्र पुलीस से जनावल मुताविक भारत के पुर्व चम्पारण जिल्ला मोतिहारी थाना महुअवा रहेवाला ४५ बरीस के दिप नारायण प्रसाद के हुन्डी के नगद सहित नियन्त्रण मे लेहल सशस्त्र पुलीस जनवले बा । नेपाली रोपेया १८ लाख ७३ हजार नगद आ भारतीय मोटरसाइकल के मुल्य १ लाख करके जम्मा १९ लाख ७३ हजार सहित भारतीय नागरिक के जरुरी कारवाही के खातिर गौर भन्सार कार्यालय रौतहट मे बुझावल गईल सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल २ नम्बर छिन्नमस्ता बाहिनी के प्रमुख डिआईजी गणेश ठाडा मगर बतवनी ।