जिल्ला आयुर्वेद स्वास्थ्य केन्द्र के समिक्षा योजना तर्जुमा गोष्ठी

वीरगंज १७ असाढ
जिल्ला आयुर्वेद स्वास्थ्य केन्द्र वीरगंज के आयोजना मे वार्षिक समिक्षा तथा योजना तर्जुमा गोष्ठि आजु कार्यालय मे पुरा भईल बा ।
स्वास्थ्य निर्देशनालय आयुर्वेद तथा बैकल्पिक चिकित्सा शाखा प्रमुख नागरिक आरोग्य सेवा केन्द्र के प्रमुख के सहभागीता रहल उ कार्जक्रम मे आयुर्वेद केन्द्रसब से ११ बरीस मे कईल कार्जक्रम के प्रगति विवरण पेश कईला के साथे समिक्षा सहित अनेकन निर्णय भी पारित कईल जनावल गईल बा ।
कार्यालय प्रमुख डा. रमेश मिश्र के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि स्वास्थ्य निर्देशनालय प्रदेश २ जनकपुर के डा. रामबाबु साह कोभिड–१९ विषम परिस्थिति मे पर्सा जिल्ला के अनेकन क्वारेन्टाईन, आईसोलेसन अस्पतासब मे संक्रमित आदमीसब के आयुर्वेद उपचार तथा योग के माध्यम से सेवा पुगावेवाला के सम्मान कईले रहनी ।
उ अवसर मे नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के उपाध्यक्ष युवराज खडका, बहुअर्वाभाठा आयुर्वेद केन्द्र के प्रमुख श्यामबाबु, जानकीटोला आयुर्वेद सेवा केन्द्र के प्रमुख उमा शंकर साह लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहलन ।






