किरण साह के पहल मे सिडियो यादव बनजराहा के डुबान क्षेत्र निरीक्षण कइनी

मेवालाल यादव
रौतहट १८ असाढ
रौतहट जिल्ला के क्षेत्र नम्बर–२ के एक मात्र बहुप्रतिभा शाली, लोकप्रिय, जनता के मन के ढुकडुकी सांसद प्रत्याशी नेता किरण कुमार साह के पहल मे आजु बनजराहा के डुबान क्षेत्र के निरीक्षण भईले बा ।
रौतहट के प्रमुख जिल्ला अधिकारी ईन्द्रदेव यादव, नेपाल प्रहरी उपरीक्षक सिद्धि बिक्रम शाह, सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक सुर्य सेन ओली, अनुसन्धान के एसपी, नेपाल सेना के प्रमुख, नदि नियनत्रण के इन्जिनियर अरबिन्द साह, इशनाथ नगरपालिका के नगर प्रमुख संतोष मेहता, वार्ड अध्यक्ष श्री रामबाबु यादव लगायत के टोलि आजु बनजराहा के डुबान क्षेत्र के निरीक्षण कईले बाडन ।
डुबान मे पडल घर एकिन करे खातिर नगर से एक जने नगरपालिका के जनप्रनिधि आ बनजराहा के पुलीस चौकी से एक जना प्रतिनिधि राख के बिपत मे पडल के राहत उपल्ध करावेमे लागल बाडन । सहजोग उपलब्ध करावेके बिपत ब्यवस्थापन के टोलि प्रतिबद्धता जाहेर कईले बानी ।






