पटेर्वा सुगौली मे नेकपा एस के चुनावी अभियान

वीरगंज २० चईत

नेकपा एकिकृत समाजवादी पटेर्वा सुगौली गाँव कमिटी आवेवाला बैशाख ३० गते होखेवाला स्थानीय निर्वाचन के लक्षित करके निर्वाचन केन्द्रित अभियान संचालन कईले बा ।

निर्वाचन केन्द्रित अभियान के तेज बनावत गाँवपालिका के वार्ड नं. ३ अन्तर्गत के टोल जितपुर मे तेतरी देवी के अध्यक्षता मे १३ सदस्यीय टोल कमिटी गठन भईल बा ।

एहितरे उहे वार्ड अन्तरगत टोल परसवा मे चम्पा देवी के अध्यक्षता मे ११ सदस्यीय टोल कमिटी गठन भईल बा ।

एहितरे आजु गाँवपालिका कमिटी के बईठक अध्यक्ष भोला महतो के अध्यक्षता मे पुरा भईल बा । बईठक से भोला महतो थारु के नेतृत्व मे ७ सदस्यीय उम्मेदवार छनौट आ निर्वाचन ब्यवस्थापन समिती गठन कईल पार्टी के जिल्ला सचिवालय सदस्य राजेन्द्र चौधरी बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।