प्रदेश २ सरकार असाढ मसान्त तक सवारी साधन मे लागेवाला जरिवाना ना ली

काठमाण्डु २२ असाढ
प्रदेश २ सरकार सवारी साधन मे लागेवाला शुल्क आ दस्तुर मे असाढ मसान्त तक जरिवाना ना लेवेके निर्णय कईले बा ।
कोरोना संक्रमण नियन्त्रण के खातिर लागू कईल निषेधाज्ञा के चलते सवारी साधन के शुल्क आ दस्तुर बुझावे ना सकल अवस्था के ध्यान मे राख के अईसन निर्णय कईल भौतिक पूर्वाधार विकास मन्त्री रामसरोज यादव जानकारी देहनी ।
निषेधाज्ञा के चलते सवारी साधन सञ्चालन मे ना आईल आ यातायात कार्यालय भी बन्द रहला से सरकार जरिवाना छुट देहल बतवनी ।






