लागुऔषध सहित बीरगंज से एक जने पकडईलें

वीरगंज २३ असाढ

पर्सा पुलीस लागुऔषध सहित बीरगंज से एक जने के पकडले बा ।

पकडाएवाला मे वीरगंज महानगरपालिका–८ गहवा के २३ बरीस राहुल शाह रहल बाडन ।

राहुल उपर तरकारी डालल झोरा भितर करिया प्लाष्टिक मे लागु औषध नुर्फिन १५० एम्पुल, डाइजेपाम १५० एम्पुल आ फेनारगन १५० करके जम्मा ४५० एम्पुल फेला मिलल पुलीस के दाबी बा ।

पकडाईल उलोग उपर लागु औषध सम्बन्धी कसुर मे अनुसन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायव उपरीक्षक (डीएसपी) ओम प्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।