डिआइजी आवते मातर बदनाम घुमुवा साह हटलें, बिचौलिया के निन्द हाराम

वीरगंज २३ असाढ
प्रदेश प्रहरी कार्यालय से घुमुवा मे खटत आईल श्याम सुन्दर साह (सोनार) के डिआइजी उमेश रन्जितकार हटईला के बाद बिचौलियालोग मे खैलाबैचा मच्चल अवस्था सृजना भईल बा ।
पर्सा जिल्ला मे नेपाल आ भारत के सीमा होत होखेवाला अबैध कारोबार मिलावेके काम बिचौलिया आ प्रदेश प्रहरी कार्यालय से खटेवाला घुमुवा प्रहरी हवलदार श्याम सुन्दर साह(सोनार) मिलावत आईल रहलन । माकिर डिआइजी रन्जितकार के अईला के बाद बदनाम भईल घुमुवा के हटईला के बाद बिचौलिया मे छटपटी भईल बा ।
प्रदेश प्रहरी कार्यालय मे डिआइजी उमेश रन्जितकार आवत मातर तस्कर आ अपराधी क्रियाकलाप करेवाला आदमी के साथे बिचौलियालोग मे भी त्रास भईल पुलीस श्रोत जनवले बा । माकिर एने बिचौलिया के काम करत आईल नाम परिवर्तित चुन्द्रे मुन्द्रे आपन पेशा के बदनाम करत तस्कर आ पुलीस के सेटिङ्ग मिलावेके काम करत आईल रहलन । जउना के चलते चुन्द्रे मुन्द्रे के निजि खर्च के साथे घर खर्च भी निकलत आईल स्रोत के दाबी बा । माकिर घुमुवा हटला के बाद उलोग अभी मानसिक तनाव मे पडल जनावल गईल बा ।
एने डिआइजी रन्जितकार बदनाम घुमुवा श्याम सुन्दरके हटावते मातर बिचौलियालोग फेनु घुमुवा मे राखे खातिर अनेकन किसिम के प्रोपोगाण्ड रचल श्रोत के दाबी रहल बा । माकिर डिआइजी रन्जितकार एगो असल आ इमान्दार ब्याक्तित्व रहल, संगठन मे चर्चा के बिषय रहला के चलते बिचौलियालोग खुदे घुमुवा के फेनु खटावे खातिर दबाब भी देत आईल बतावल गईल बा ।
नेपाल प्रहरी संगठन भितर असल आ इमान्दार के रूप मे चिन्हाईल डिआइजी उमेश रन्जितकार आवेवाला दिन मे बिचौलिया आ तस्कर संगठन सँगे तनको ना झुकेके उनकर संगठनके ईमान्दार अधिकृतलोग बतावत आईल बाडन ।






