जिराभवानी गाँवपालिका के आठ वाँ गाँव सभा पुरा, ३४ करोड ७१ लाख के बजेट सार्वजनिक

वीरगंज २५ असाढ

पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका के आठ वाँ गाँव सभा आजु पुरा भईल बा । वार्ड नं ३ स्थित बितो महतो जनता माबि जितपुर नौकाटोला के भवन मे भईल सभा आर्थिक बरीस २०७८÷०७९ के निति, कार्जक्रम तथा बजेट पारित करके पुरा भईल बा ।

गाँवपालिका अध्यक्ष रामपृत महतो के अध्यक्षता मे भईल गाँव सभा मे गाँवपालिका के उपाध्यक्ष उषा देबी थरुइनी पालिका के कुल बजेट ३४ करोड ७१ लाख बराबर के निति, कार्जक्रम तथा बजेट प्रस्तुत कईले रहनी ।

जउना मे आय ओरी संघ सरकार के समानिकरण अनुदान ९ करोड ८८ लाख, राजश्व बाँडफाड ६ करोड ३६ लाख, सर्शत अनुदान ११ करोड ९३ लाख, बिशेष अनुदान एक करोड २५ लाख, सम्पुरक अनुदान ८३ लाख लगायत प्रदेश सरकार के अनेकन अनुदान एक करोड ३६ लाख रहल बा ।

उपाध्यक्ष थरुइनी पंजुगत खर्च अनुमानित ८ करोड, चालु खर्च ओरी साढे ५ करोड, शिक्षा ओरी डेढ करोड, कृषी ओरी ५० लाख, स्वास्थ्य ओरी ५० लाख लगायत के आउर शिर्षक मे विनियोजित बजेट भी प्रस्तुत कईले रहनी ।

गाँवपालिका से शिक्षा, स्वास्थ्य तथा कृषि के प्राथमिकता देके बजेट तईयार कईल जनवले बा । गाँवपालिका परम्परागत खेती के बिस्थापित करके कृषि मे आधुनिकिकरण करके कृषि उत्पादन बढावेके लक्ष्य लेहल प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत प्राण मेहता बतवनी ।

एकरा साथे उनन्त जात के बिया उत्पादन तथा कोल्ड स्टोर के ब्यवस्थापन मे पालिका से जोड देवेके योजना बनावल उ बतवनी । भूमिगत सिचाई से बिनास होत गईल सिचाई के मुहान के संरक्षण करके प्रयोग मे लियावे के गाँवपालिका जनवले बा ।

कुलत तथा बिकृति मे लागल यूवा शक्ति के पेशागत तालिम प्रदान करके सामाजिक बिकास मे लियावे के कार्जक्रम मे भी जोड देहले बा । पालिका क्षेत्र मे रहल खोला से बैज्ञानिक मापदण्ड अपनावत नदिजन्य पदार्थ उत्खनन करेके जनवले बा।

गाँव सभा मे वार्ड अध्यक्ष शेख नुमान आजम, महादेव महतो थारु, उमेश सिंह, सुबाष राउत थारु, दारा सिंह, गाँव कार्यपालिका सदस्य, गाँव सभा सदस्य लगायत गाँवपालिका के कर्मचारीलोग के उपस्थिती रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।