बारा के दुगो गाँवपालिका के प्रमुख आ उपप्रमुख महन्थ ठाकुर के लोसपा मे

प्रभु यादव
बारा १५ भादो
बारा के दुगो गाँवपालिका के प्रमुख आ उपप्रमुख महन्थ ठाकुर अध्यक्ष रहल लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी मे गईल बाडन ।
परवानीपुर गाँवपालिका आ प्रसौनी गाँवपालिका के प्रमुख आ उपप्रमुख मंगर के दिने लोसपा के पक्ष मे सनाखत कईले बाडन । जिल्ला निर्वाचन कार्यालय बारा मे जाके लोसपा के पक्ष मे सनाखत कईले बाडन । आपना सहित उपप्रमुख आ गाँवपालिका के दु जने वार्ड अध्यक्ष लोग लोसपा मे सनाखत कईल परवानीपुर गाँवपालिका के प्रमुख हरिनारायण साह जानकारी करावले बानी ।
गाँवपालिका के उपप्रमुख सावित्री देवी, वार्ड नम्बर १ के वार्ड अध्यक्ष मिश्री महतो आ वार्ड नम्बर ३ के वार्ड अध्यक्ष अनिल राम लोसपा के पक्ष मे सनाखत कईल अध्यक्ष साह जनकारी करावले बानी । प्रसौनी गाँवपालिका के प्रमुख भोला गुप्ता आ उपप्रमुख गीता साह लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी रोजले बानी । मंगर के दिन जिल्ला निर्वाचन कार्यालय मे पुग के लोसपा के पक्ष मे सनाखत कईल अध्यक्ष गुप्ता जानकारी करावले बानी ।
प्रसौनी गाँवपालिका के वार्ड नम्बर २ के वार्ड अध्यक्ष सुरेश गुप्ता, ३ के बैजनाथ साह कानु, ४ के आनन्द गुप्ता आ वार्ड नम्बर ५ के वार्ड अध्यक्ष सनै साह तेली लोसपा के पक्ष मे सनाखत कईल अध्यक्ष गुप्ता जनवले बानी ।






